कोरोना फईले ना देवे खातिर सरकार के विशेष योजना बनावेके पडल :- नेता सिंह

काठमाण्डु ४ चईत,

नेपाली काँग्रेस के नेता प्रकाशमान सिंह विश्वभर फईलत गईल कोभिड–१९ के नाम मे नेपाल मे कालाबजारी बढत गईल बतवले बानी ।

नेपाली काँग्रेस काठमाण्डु के क्षेत्रीय सभापति आ काठमाण्डु महानगरपालिका मे पार्टी के ओरी से निर्वाचित जनप्रतिनिधि सँगे के छलफल मे उ बजार मे कालाबजारी होखे ना देवे खातिर जनप्रतिनिधि से महत्वपूर्ण भूमिका खेलेके बतवनी ।

कोरोना के नाम मे कालाबजारी बढे लागला से सरकार बजार मे हस्तक्षेपकारी भूमिका खेलेके उनकर कहनाम बा । नेता सिंह जनप्रतिनिधि के जनता के घरघर मे पुग के कोरोना भाइरस से जनजीवन मे पार सकेवाला प्रभाव के बारे मे जनचेतना फईलावे के निर्देशन भी देहनी ।

पार्टी के नेता एवम् पूर्वमन्त्री राजेन्द्रकुमार केसी कोरोना भाइरस के विरुद्ध मे सभी एकजुट होके लागेके बात मे जोड देहनी । काँग्रेस काठमाण्डु के सभापति सबुज(कृष्ण) बानियाँ जनता के पक्ष मे काँग्रेस काम करे सकला पर मात्र आवेवाला निर्वाचन मे पार्टी से विजय हासिल करे सकेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।