घरईया दारू भट्टी पुलिस कईलख नष्ट

प्रभु यादव

बारा ०४ चईत,
इलाका प्रहरी कार्यालय कोल्हवी, प्रहरी चौकी पथलैया, अप्र.पोष्ट डुमरबाना बारा समेत से खटल प्रहरी टोली सब बारा जिल्ला के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका आ कोल्हवी नगरपालिका कर के चार ४ गो दारु भटी भसकईले बा । अवैध भट्टी से कच्चा पदार्थ २ हजार लिटर आ तइयारी मदिरा २ सय लिटर नोक्सान कईले बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय अम्लेखगंज से खटिल प्रहरी टोली जिल्ला जतिपुर सिमरा उपमहानगरपालिका २१ से चकरी गाउँ जायेवाला रास्ता विक्रि करे खातिर बोक के ल्याल लोग सब प्रहरी टोली के देख तयारी दारू ५ लिटर तयारी घरईया दारू छोड के भग गईला पर बरामद भईला मे आवश्यक कारवाही के खातिर अन्तरिक राजश्व कार्यालय सिमरा बारा मे पेठावल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र बतावले बाडन ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका वडा नं. ६ अमरपुर सिमाना मे से नेपाल से साईकल मे मटर लाद के भारत ओरी लेजायेला भारत बिहार मोतिहारी जिल्ला ग्राम बिजबनि के रहनियार आलोक कुमार से ४ हजार ५ सय बराबर के १५० किलो मटर सहित पकड के भन्सार ऐन अनुसार आवश्यक कारवाही के खातिर मुल भन्सार कार्यालय बीरगंज मे पठावल गईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र कहनी ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर १ पथलवाघाट लगे पोखरा के आटपर चोरि पैठारी कईल लुकावल छिपावल राखल ८३ हजार चार सय ६५ बराबर के १६ बोरा ८ कविन्टल मटर ३३ बोरा, १६ कविन्टल मटर दाल समेत बरामद भईल बा ।

पकडल मटर भन्सार ऐन अनुसार आवश्यक कारवाही के खातिर मुल भन्सार कार्यालय बिरगंज पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जानाकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।