भउजाई के खुकुरी से काटल आरोप मे देवर पकडईलें

रौतहट ४ चईत,

चोख हथियार खुकुरी प्रहार करके आपन भउजाई के हत्या करेके प्रयास कईल आरोप मे देवर पकडाईल बाडन ।

रौतहट के यमुनामाई गाँवपालिका–१ के पुनम सहनी के चोख हथियार खुकुरी प्रहार कईल आरोप मे उनकर देवर राजुकुमार सहनी के पुलीस पकडले बा । आपन कोठरी मे सुत रहल पुनम के सबेरे ४ बजे के समय मे सहनी खुकुरी से काट के हत्या करेके प्रयास कईल पुलीस जनवले बा ।

घरायशी विवाद के चलते भउजाई के मुडि मे खुकुरी मारल सहनी पुलीस समक्ष स्वीकार कईल इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के डीएसपी ज्ञानकुमार महतो बतवनी ।

पकडाईल सहनी के साथ से घटना मे प्रयोग भईल खुन लागल खुकुरी भी बरामद भईल उ बतवनी ।
अपराध के श्रृखंला बढल
पिछिलका समय रौतहट मे आपराधिक घटना बढल बा ।

बितल माघ १५ गते राजपुर नगरपालिका–६ कुडिया गाँव से पूर्वभकुवा खोला मे ईशनाथ नगरपालिका–८ मन्सरी के एहतेसामुल हक के लास हत्या करके बिगल अवस्था मे मिलल रहे । प्रेमीका से भेट करे राजपुर गईल हक के हत्या उनके प्रेमीका के भाइसब कईले रहलन ।

एहितरे माघ २८ मे रौतहट के दुर्गा भगवती गाँवपालिका–३ पर्सा टोल के ७० बरीस के फेकन पण्डित कुम्हार के सुत रहल अवस्था मे उनकर बेटा राजकुमार पण्डित हत्या कईले रहलन । १७ फागुन मे फेनु रौतहट मे दोसर हत्या भईल ।

रौतहट के कटहरीया नगरपालिका–२ जमुनीया मे पानी तानेवाला मोटर पम्प के विषय मे विवाद भईला पर २० बरीस के अब्दुल खैर के पेट मे छुरा मारके हत्या कईल रहे ।

ई तीन गो हत्या काण्ड के अभियुक्तलोग के पुलीस पकड के ज्यान सम्बन्धी कसुर मुद्दा मे कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।