गाँजा आ चरेससहित एक जने पकडईलें

वीरगंज ०५ चईत,

पर्सा मे गाँजा आ चरेस सहित पुलीस एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका–४ देउरवाना के ५० बरीस के नुर आलम मियाँ रहल बाडन ।

उनका के पुलीस चौंकी रंगपुरटाडी पर्सा से खटल पुलीस टोली पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका–२ बैधनाथपुर से मंगर के दिने नियन्त्रण मे लेहले बा ।

उनकर साथ से एक किलो ५०० ग्राम गाँजा आ एक किलो चरेस आ एक किलो ५०० ग्राम चरेस के धुरा बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । मियाँ साइकल मे गाँजा आ चरेस लिया रहल समय पकडाईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।