मन्त्री सोनलद्धारा नौतन मे धर्मशाला के शिलान्यास

बारा ०७ चईत,
बारा जिल्ला के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.–३ नौतन मे धर्मशाला निर्माण काम के आजु एगो समारोह के बिच शिलन्यास भईल बा ।
प्रदेश नंं.– २ के भौतिक पुर्वाधार बिकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल पुजापाठ करके धर्मशाला के शिलन्यास करत ई धर्मशाला से स्थानिय गाँवपालिकाबासी के वियाह, ब्रतबन्ध, सभा, सम्मेलन करेमे सहज होखेके बतवनी ।
उ अवसर मे मन्त्री सोनल ई धर्मशाला बनावे खातिर ४५ लाख रोपेया सहजोग करेके बतवनी ।
उ धर्मशाला ५५÷५५ स्कवायर फिट मे ६ कोठरी आ हल सहित निर्माण होखे लागल जनावल गईल बा ।
धर्मशाला निर्माण मे प्रसौनी गाँवपालिका १५ लाख, बारा क्षेत्र नं. ४ के प्रतिनिधिसभा सदस्य रामएकबाल मियाँ आपन संसदीय विकास कोष से २० लाख आ मन्त्री सोनल ४५लाख करके कुल ८० लाख के लागत मे धर्मशाला बने लागल जनावल गईल बा ।
वार्ड अध्यक्ष बैजु गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता, उपाध्यक्ष गिता देवी साह, वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष सनई साह, ईनरदेव राउत, दिपनारायण साह, लक्ष्मी नारायण राउत, जोगिन्द्र साह, संतोष यादव, वीरेन्द्र साह, नागेन्द्र दास प्यासी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






