सिम्रौनगढ मे मोबाइल प्रकरण :- ५० हजार जरीवाना करेके निर्णय फिर्ता

बारा ०७ चईत,
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका–५ मे अविवाहित लईकी के मोबाइल रोक लगावे के निर्णय कईला के बाद ई विषय अभी चर्चा मे बा । अविवाहित लइकी के मात्र मोबाइल राखेमे रोक लगा के लडकी उपर विभेद कईल कहत अभी एकर आलोचना हो रहल बा ।
बाहर आलोचना भईला पर भी वार्डबासी ई निर्णय से खुशी भईल दाबी वार्ड कार्यालय के बा । अधिकारकर्मी के चौतर्फी दबाव के बाद वार्ड कार्यालय बियफे के दिने बईठक बईठके मोबाइल राखे देहला पर ५० हजार रोपेया जरीवाना लेवेके कहके कईल निर्णय फिर्ता लेहले बा ।
बुध के दिने बईठल वार्ड पालिका के बईठक से अविवाहित लडकी के मोबाइल राखेमे रोक लगावेके आ मोबाइल राखला पर ५० हजार रोपेया जरीवाना करेके निर्णय कईले रहे ।
मोबाइल प्रयोग के चलते लडका लडकी कम उमिर मे भाग के बियाह करत आईल बुझाइ वार्ड के बा । एकरा के मध्यनजर करके वार्ड अविवाहित लडकी के मोबाइल राखेमे रोक लगावे के निर्णय कईल वार्ड अध्यक्ष रामबहादुर कुर्मी बतवनी ।
सञ्चार माध्यम मार्फत समाचार प्रवाह भईला के बाद चौतर्फी विरोध अईला से जरीवाना लेवेके निर्णय फिर्ता लेहल कुर्मी बतवनी ।
“सञ्चारमाध्यम मे समाचार अईला के बाद बाहर से विरोध आईल, ओहिसे जरीवाना लेवेके निर्णय फिर्ता लेहले बानी,” कहत वार्ड अध्यक्ष कुर्मी, “जरीवाना के बदले अभिभावक निगरानी करेके कहल गईल बा ।”
कार्यान्वयन से पहिले एतवार भा सोमार के दिने फेनु एक बेर छलफल करेके तइयारी हो रहल बतवनी ।
बाहर से विरोध आके फिर्ता लेहला पर भी वार्डबासी निर्णय के स्वागत कईले बाडन ।वार्ड मे कार्यरत सामाजिक परिचालक मुकेश मेहता बेटी मोबाइल राखला के चलते समाज मे विकृति बढल कहत गाँवबासी वार्ड से लगावल प्रतिबन्ध के स्वागत कर रहल बतवनी ।






