अबैध भईस सहित बयल गाडा पकडाईल

वीरगंज ०७ चईत,
पर्सा पुलीस पर्सा के ग्रामिण क्षेत्र से भईस आ पाडा बरामद कईले बा । ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के टोली आजु पोखरिया नगरपालिका वार्ड नम्बर ८ बैरिया बिर्ता आ सखुवा प्रसौनी से भन्सार ना करा के लियावल ५ गो भईंस, २ गो पाडी आ २ गो पाडा पुलीस पकडले बा ।
पकडल मालजाला के बीरगंज भंसार मे बुझावल गईल ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र सिंह बतवनी ।
एहितरे सशस्त्र पुलीस पर्सा के सिमावर्ती छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं १ मिर्जापुर भलवहिया से आजु सबेरे भारत से आ रहल बैलगाडा सहित ब्रान्ड बरामद कईले बा ।
भारत के मैनाटाड बसनपुर नाका होत अबैध रुप मे नेपाल आरहल अवस्था मे सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउट पोस्ट भिस्वा बंजारी के गस्ती टोली बैल गाडा सहित भारतिय ब्रान्ड बरामद कईले बा । सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक हरि पराजुली के कमाण्ड मे रहल टोली बैल गाडा मे लोड रहल करिब ३० क्विनटल रहल पुलीस जनवले बा । बरामद कईल ब्रान्ड, बैल गाडी आ बयल के बीरगंज भंसार बुझावल गईल सिमा सुरक्षा कार्यालय बीरगंज जनवले बा ।






