कोभिड–१९ः सतर्कता अभिवृद्धि करे खातिर अध्यक्ष दाहाल के निहोरा

काठमाण्डु ९ चईत,
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ विश्वव्यापी महामारी के रुप मे देखाई देहल कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण से बँचे खातिर सावधानी आ चेतना अभिवृद्धि करे खातिर सिङ्गो पार्टी पंक्ति आ जनसमुदाय मे निहोरा कइनी ।
अध्यक्ष दाहाल आजु प्रेस नोटमार्फत कोरोना से बँचे खातिर विशेष सावधानी अपनावे के निहोरा करत पार्टी आ सरकार से लेहल नीतिगत आ व्यावहारिक निर्णय के दृढतापूर्वक पालना करे खातिर सम्बन्धित सभी मे निहोरा कईले बानी ।
अध्यक्ष दाहाल कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण रोकेके तइयारी के खातिर जरुरी दवाई, उपकरण आ दैनिक उपभोग्य सामान के आपूर्ति व्यवस्था के सहज बनावे के ओरी आपन पहल बढावे खातिर सरकार के निहोरा कईले बानी । एहितरे उ जोखिम सँगे लडे खातिर राष्ट्रिय एकता आ उच्च मनोबल के साथ लागेके आ एकर सामना करे खातिर सभी मे निहोरा कईले बानी ।
एहितरे काठमाण्डु महानगरपालिका के प्रमुख विद्या शुन्दर शाक्य केहु के कोरोना सङ्क्रमण के आशङ्का भईला पर टोल फ्रि नं ११८० मे खबर करे खातिर निहोरा कईले बाडन । प्रमुख शाक्य आजु विज्ञप्ति जारी करके कामपा के सहजोग मे सञ्चालित एम्बुलेन्स सेवा १०२ तथा महानगर के टोल फ्रि नं ११८० मे खबर तथा सूचना देवे खातिर निहोरा कईले बानी ।
विश्वव्यापी महामारी के रूप मे फईलत जा रहल कोभिड–१९ के सन्त्रास रहल आ उ सन्त्रास से बँचे खातिर सभी से सजगता अपनावे खातिर सभी से निहोरा कइनी ।
सङ्क्रमण लउके से पहिले हि हमनी सभी नागरिक सजगता अपनईला पर बहुते हदतक न्यूनीकरण होखेके सम्भावना रहल उनकर कहनाम बा ।
उ सङ्क्रमण बेसी भीडभाड होखेवाला जगहा मे जलदी फईलेके सम्भावना भईला से सङ्घीय सरकार से जारी कईल सूचना के आधार मानत सकेभर बेसी सचेतना अपनावे खातिर निहोरा प्रमुख शाक्य के रहल बा ।
उ अभी कोरोना से सभी बँचल जरुरी रहल कहत घोडेजात्रा, सेतो मछिन्द्रनाथ के रथयात्रा लगायत के जात्रा पर्व ना मनावे खातिर भी निहोरा कईले बाडन ।
जातथा पर्व मे बहुते बडका जनसहभागिता होखेके आ ई विषम परिस्थिति मे भीडभाड के साथ मनावे के अवस्था ना रहला से आपन मौलिक, कला, संस्कृति आ परम्परा के विधि के यथावत् राखत भीडभाड मे उ जात्रापर्व ना मनावे खातिर प्रमुख शाक्य भी निहोरा कईले बाडन ।
अनेकन धर्म, संस्कृति मानेवाला समुदाय के भी बाहुल्यता रहल कहत मठ, मन्दिर, मस्जिद, गुम्बा, चैत्य, चर्च जईसन धार्मिकस्थल मे भी भिडभाड कम करे खातिर निहोरा कइनी । धार्मिकस्थल मे बहुते भीडभाड भईला पर सङ्क्रमण बढ सकेके सम्भाव्यता के मध्यनजर करत उ जगहा मे भी भीडभाड ना करे खातिर निहोरा कईल गईल बा ।
कामपा कोरोना भाइरस रोकथाम के खातिर सूचनामूलक सन्देश डिजिटल बोर्ड, पर्चा, पम्प्लेट नेपाली आ नेपालभाषा दुनु मे प्रकाशित करके जनचेतनामूलक अभियान सञ्चालन करेके जनावल गईल बा ।






