वीरगंज मे फागुन १८ आ १९ गते खाना तथा सांस्कृतिक मेला लागी

वीरगंज मे फागुन १८ आ १९ गते खाना तथा सांस्कृतिक मेला लागी

वीरगंज १४ फागुन

वीरगंज कलेज वीरगंज मे इहे फागुन १८ आ १९ गते खाना तथा सांस्कृतिक मेला के आयोजना करे लागल जनवले बा ।

कलेज आपन सभाहल मे पत्रकार सम्मेलन करके कलेज के विद्यार्थीलोग के खातिर रात्रि बजार के अवधारणा मुताविक ‘सिखत कमात कार्जक्रम’ अन्तर्गत दु दिने ‘खाना तथा सांस्कृतिक मेला’ के आयोजना करे लागल कलेज के अध्यक्ष डा. दिपेन्द्र कुमार चौधरी बतवनी ।

फागुन १८ आ १९ गते लागेवाला उ मेला मे दिनके २ बजे से रात १० बजे तक खाना तथा सांस्कृतिक कार्जक्रम आयोजना करे लागल डा. चौधरी बतवनी । विद्यार्थीलोग मे सिखत कमात अवधारणा विकास करेके, उद्यमशिलता के अवधारणा के विकास करेके आ बारा पर्सा के लोक सांस्कृतिक तथा परम्परागत खाना के प्रवद्र्धन करे खातिर मेला आयोजना करे लागल बतावल गईल बा ।

खाना तथा सांस्कृतिक मेला से ई क्षेत्र के विद्यार्थीलोग मे सिखत कमात अवधारणा विकास होके विद्यार्थीलोग के प्रोत्साहन कईला के साथे उद्यमशिलता विकास मे भी टेवा पुगेके कलेज विश्वास लेहल पत्रकार सम्मेलन मे बतावल गईल बा । उ मेला मे ३२ गो अनेकन खाना के परिकार के स्टल रही आ करिब २० हजार दर्शक आवेके अनुमान कईल बा ।

बितल बरीस पहिलका बेर आयोजना कईल खाना तथा सांस्कृतिक मेला से विद्यार्थीलोग मे हौसला प्राप्त कईल आ ई बरीस भी विद्यार्थीलोग स्वस्फूर्त रुप मे मेला के आयोजना करे लागल बा । खाना तथा सांस्कृतिक मेला मे कलेज मे अध्ययन कईल विद्यार्थीलोग के नृत्य, गीतसब के भी प्रस्तुती रहेके कलेज के प्रमुख विनोद गुप्ता बतवनी ।

विद्यार्थीलोग के पाठ्यक्रम के अध्ययन मात्र ना उलोग के स्वरोजगार बनाके आयआर्जन के प्रोत्साहन करे खातिर भी मेला सहज माध्यम होखेके प्रमुख गुप्ता के कहनाम रहे । खाना तथा सांस्कृतिक मेला आयोजना करेमे लागेवाला खर्च के श्रोत कलेज के अतिरिक्त क्रियाकलाप कोष, मुख्य प्रायोजक, प्रायोजकलोग तथा सह–प्रायोजकलोग से मिलल आर्थिक सहजोग रहेके बतावल गईल बा ।

आन्तरिक श्रोत, मुख्य प्रायोजक, प्रायोजक आ सह–प्रायोजक से मिलल कोष के रोपेया स्टल, स्टेज, लाईट, साउण्ड लगायत के भौतिक साधनसब मे खर्च करके विद्यार्थीलोग के उपलब्ध करावेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।