रात के १० बजे के बाद ब्यान्ड बाजा बजावेमे रोक

वीरगंज ०७ अगहन

वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र भितर रात के १० बजे के बाद होखेवाला ध्वनि प्रदूषण कम करेके उदेश्य से बेसी आवाज मे डिजे, बाजा आ ब्यान्डबाजा बजावे मे रोक लगवले बा । वियाह, व्रतबन्ध सहित अनेकन मेला महोत्सव के बहाना मे अश्लील गीतसङ्गीत एवम् सडक मे आर्केस्ट्रा के नृत्य मे रोक लगावल गईल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी उमेशकुमार ढकाल जानकारी देहनी । सामुदायिक प्रहरी साझेदारी कार्जक्रम अन्तर्गत समाज मे होखे सकेवाला विकृति–विसङ्गति तथा अश्लील गीतसङ्गीत एवम् सडक मे उ नृत्य मे रोक लगावल गईल बा ।

एहितरे, घण्टाघर लगेके धर्मशाला, पार्टी प्यालेस एवम् होेटल बिपीपार्क, माईस्थान आदर्शनगर क्षेत्र के पुराना बसपार्क आ अलखिया मठ, छपकैया विर्ता क्षेत्र के लोग बिर्ताबजार एवम् इदगाहा क्षेत्र के खाली जगहा मे पार्किङ करेके योजना अगाडि बढावल गईल बा ।

एहितरे, वीरगंज मे सवारी पार्किङ व्यवस्थापन तथा दुर्घटना न्यूनीकरण सम्बन्ध मे धर्मशाला, होटेल, पार्टीप्यालेस से हि सुरक्षा गार्ड राखेके आ सवारीसाधन पार्किङ मे व्यवस्थापन करे खातिर जिम्मेवार होखेके योजना बनावल गईल ग्रिनसिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र आदर्शनगर के अध्यक्ष जयप्रकाश खेतान जानकारी देहनी ।

गाँजा खेती शून्य मे झारेके अभियान

पर्सा पुलीस पिछिलका बेर गाँव गाँव मे लगावल गईल प्रतिबन्धित गाँजा खेती नष्ट करके गाँजा खेती के शून्य मे झारेके अभियान चलवले बा । गाजाँ खेती निरुत्साहित करे खातिर गाँव गाँव मे रोपल गईल प्रतिबन्धित गाँजा खेती नष्ट करके गाँजा खेती के शून्य मे झारेके अभियान चलावल पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे जानकारी देहनी ।

पिछिलका बेर कुछ दिन पहिले जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के टोली पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे ११ बिगहा क्षेत्रफल मे रोपल अवैध गाँजा खेती नष्ट कईले रहे । ठोरी गाँवपालिका मे सङ्गठित रूप मे समूह मे गाँजा खेती लगावल गईल सूचना प्राप्त भईला के बाद जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के कमान्ड मे खटल पुलीस टोली गाँजा कटले रहे । ठोरी गाँवपालिका–३ के ब्रह्मनगर, रामनगर तथा जङ्गल किनार लगायत के क्षेत्र मे रोपल गईल गाँजा खेती पुलीस फँडानी करके नष्ट कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल बतवनी । गाँजा खेती करेवाला आदमी के पहिचान करके मुद्दा दर्ता कईल जाई ।

गाँजा खेती बहुते कईला तथा पुलीस के आँखा ना पुगेवाला किसिम से जङ्गल किनार मे लगावल गईला पर भी पुलीस गाँजा खेती नष्ट करेमे सफल भईल इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक ब्रह्मदेव साह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।