कोरोना वायरस

कोरोना वायरस आदमी के केस यानी के बाल के तुलना में ९०० गुना छोट यानी की बहुत ही सूक्षम आकार के लेकिन प्रभावी वायरस ह । जवन आज पूरा दुनिया के डरा देले बा ।
१ दिसंबर २०१९ मे चीन के वुहान शहर मे देखल गएल काेराेना वायरस भारत, बेलायत, अमेरिका, इटली, फ्रासं, ईरान, कतार, साउदी अरब, दक्षिण कोरिया, जापान, और स्पेन जैसन देश लगायत विश्व भरके १९० गाे छाेट बड देश में फैलल कोरोना वायरस ( Coronavirus ) एगाे जानलेवा महामारी के रूपमे यी सब देशमे अपन कहर ढा रहल बा। विश्वभर महामारीकाे रूपमे फैलल काेराेना भाइरस लैटिन भाषा के शब्द ह जेकर मतलब मुकुट हाेखेला ।
यी वायरस के कण के इर्द गिर्द चाराे तरफ काट जैसन ढांचाके उपर मुकुट जैसन अकार देखाइ देवेला एकर मिसाल के रूप मे धतुर के लेवल जा सकत बा । जेकरा अधार पे काेराेना वायरसके नामाकरण कइल गइल बा ।
काेराेना वायरस , वायरस सबके एगाे बहुत बडका परिवार ह जेकरा कारण से जनावर अाैर पक्षिं सबमे राेग सब लागेला ।
मानव शरीरमे, काेराेना वायरस श्वासप्रश्वास जैसन संक्रमण या राेग के कारक बनेला जवन प्राणघातक हाेसकत बा, अभिन तक के जानकारी के हिसाब से ७ किसिमके काेराेना वायरस ही मानव शरीरके राेगी बनावेला ।
४ किसिमके काेराेना वायरस के चलते छाेटमे सर्दी बाेखार, सुख्खा खाेकी जैसन राेग हाेकेला त ३ किसिमके काेराेना वायरस के चलते मिडल इष्ट रेसपिरेटरी सिन्डराेम Middle east respiratory syndrom (MERS) और सेभर एकुट रेसपिरेटरी सिन्डराेम Severe acute respiratory syndrom (SARS) जैसन बडका और गम्भीर बिमारी भी हाेखेला ।
विश्वभर जानलेवा महामारीके रूपमे फैलल काेराेना भाइरस के चलते आदमी लोग मे लागे वाला राेग के नाम विश्व स्वास्थ्य संगढन (world health orgranosation – WHO) द्धारा ११ फेबरूअरी के दिने Corona virus disease अर्थात COVID-19 राखल गएल ।
कोरोनावायरस रोग (COVID-19) के प्रकोप के अभिन के विश्वके अवस्था ?
संक्रमण अतक काेराेना वायरसके प्रकाेप विश्वके १९० गाे छाेट बड देश मे फैल गैल बा ।
१९७ गाे देश मे अभिन तकले ४१६६८६ जना आदमी मे काेराेना वायरस के संक्रमण भेटल बा जेमे से सब से ज्यादा चिन मे ८१८८६९ जना मे, इटली मे ६९१७६ जनामे, अमेरिका मे ५१९१४ जना मे अाैर स्पेन मे ३९६७३ जना मे देखल गएल बा ।
मौत या मृत्यू
अभिन तकले काेराेना वायरस राेग अर्थात काेभिड१९ के कारण से पुरा विश्वमे १८,५८९ जना मर गएल बा लाेग । जेमे सब से ज्यादा इटली मे ६,८२० जना,चीन मे३२८७ जना, इरान मे २०७७जना अाैर स्पेन मे २६९६ जनाके माैत भएल बा । नेपाल मे 3 जना और कालु तकले 687 जना के परीक्षण भएल रहे
कोरोनावायरस रोग (COVID-19) के प्रकोप के नेपालके अभिन के अवस्था ?
नेपालमे अभिन तकले दु जना मे काेराेना के संक्रमण भेटल बा जेमे से एक चना उपचार के बाद ठिक हाेके अपन घरे लाैट गएल बाडन ।
एक जना फ्रान्स से कतार हाेते हुए नेपाल अाएल नेपाली विधार्थी मे काेराेना वायरस पाेजिटिभ भेटल रहे । उन्का के अभिन कवारेनटाइन मे राख के इलाज करल जातबा ।
नेपालमे काेराेना के चेक जाचं कहा हाेकत बा ?
नेपाल मे अभि फिलहाल काठमान्डाै के टेकु स्थित राष्ट्रिय जन स्वास्थ्य प्रयाेगशाला मे कोरोना वायरस के संक्रमित लोग के संकलित नमुना के परीक्षण हाेखेला । अभिन तकले नेपालमे ६००जनाके परीक्षण हो चुकल बा ।
काेराेना वायरस अर्थात COVID19 का लक्ष्ण सब ?
१. सर्दी , सुख्खा खाेकी
२. हाइ फिबर
३.सांस लेवे में ज्यादा तकलीफ,
४.घेटमे में खसखसा पन ।
उपरके यी लक्षण के आधार पे काेराेना लागल बा नैखे कहल जा सकत लेकिन अगर यी किसिमके लक्षण जे केहु मे भी दिखाइ देवे त तुरन्त अस्पतालमे सम्पर्क करके परिक्षण लाएक सेम्पल देदी अाैर जब तकले परीक्षणके रिजल्ट ना अाजाए तब तकले अपने अापके कवारेन्टाइन या अाइसाेलेसन मे रखि काहे की यी वायरस एक अादमी से दाेसर अादमी मे फैलत बा जेकरा चलते बहुत ज्यादा अनुसासन अाैर सावधानी अपनावल ठिक रही । ना त ज्यादा लाेग मे संक्रमण फैले के ज्यादा सम्भावना रही ।
काेराेना के उच्च जाेखिम भएल लोग ??
काेराेना वायरस से ज्यादा प्रभावित श्वासप्रश्वा राेग के संक्रमित बुढ लाेग, चिनी के बिमार लाेग, बलड प्रेसर के बिमार लाेग, दिलके बिमार लाेग, अस्थमाके बिमार लोग अाैर उू लाेग जिनकर राेग प्रतिरक्षा प्रणाली यानी के (इम्यून सिस्टम) कमजाेर बा ।
एक से दाेसर अादमी मे सरे वाला माध्यम ?
१. संक्रमित अादमी के सम्पर्क मे अइला से
२. संक्रमित व्यक्ति के मुह से निकलल ड्रपलेट परला से
३. संक्रमित अादमी के मुहसे खाेकी के बेर निकल थुक के बुन्द जवन वस्तु पे परल अाेकरा के छुला के बाद मुह, नाक या अाखं छुला से ।
काेराेना वायरस अर्थात COVID19 से बचे वाला या राेकथाम करेके तरीका सब ??
अभिन तकले काेराेना वायरस से बचे वाला या काेराेना वायरस ठिक करेवाला काैनाे खास दवाइ अाैषधी या इन्जेक्सन ना भएला के कारण एकर असर कम करे लाएक ही दावइ चलावल जात बा । एकर एलावा निम्न किसिमके सावधानी सबके अपना के काेराना वायरस के राेक थाम कैएल जा सकत बा या काेराेना वायरस से खुद भी बचल जा सकत बा अाैर घर परिवारके लाेग के साथ साथ गाव घरके, जिल्लाके प्रदेशके अाैर देशके सभी जनता लाेग के भी बचावल जा सकत बा ।
१. कुछ समयके अन्तरालमे साबुन पानी से नियमित २० सेकेन्ड तक हाथ धाेके या सानिटाइजरक लगाके ।
२. अाखं, नाक अाैर मुह ना छुके ।
३. खोकी के या छिंक के समय दुर रहके या रुमालसे या केहुनीसे मुह छाेपके ।
४. भिडभाडमे ना जाके, लोग से 1/3 मिटर के दुरी बनाके या सावधानी अपनाके।
५. सधारण सर्दी, खाेकी या बाेखार अइला पे घर से बाहर ना निकल के ।
६. सर्दी, खाेकी या बाेखार मे दिकत भइला पे डाक्टर से कन्सलट करके चेक कराके ।
७. व्यक्तिगत सरसफाइमे ध्यान देके।
८. विश्व स्वास्थ्य संगठन के द्धारा ताजा जानकारी मालुम करके ।
काेराेना वायरस के महामारी अाैर प्राणघातक जइसन राेग काेभिड-19 से बचे लाएक अाैर लाेग के बचावे लाएक गावके गाव, शहरके शहर, जिल्ला के जिल्ला, प्रदेश के प्रदेश यहा तक की कइ देश तक अपने नागरिकाे के बचावके लिए स्थानिय तह, प्रदेश सरकार अारै केन्द्र सरकाराे द्धारा घाेषना करके अपने सब केहुसे स्थानिय सरकार से लेके केन्द्र सरकार तक निहाेरा कइले बा लाेग कि अपने सर इ लकडाउनके पालना करके खुद भी बची, अपन घर परिवार के बचाइ अाैर सरकार के देश वासी के बचावे मे साथ दी ।






