साबुन, माक्स, सेनिटाईजर लेके घर घर मे पुगलें वार्ड अध्यक्ष आलम

वीरगंज १३ चईत,
विश्व भर फईल रहल महामारी के रुप मे कोरोना भाईरस के मध्य नजर करत आजु पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम घर घर मे पुग के हाथ धोवेवाला डिटवल साबुन, सेनिटाईजर, माक्स, गल्फस बँटले बानी ।
विश्व मे महामारी के रुप मे फईल रहल कोरोना भाईरस से बँचे खातिर ई सामान बाँटल गईल अध्यक्ष आलम बतवनी ।
उ कार्जक्रम मे साविक वार्ड नं १ से ९ आ अभी के वार्ड नं ५ के सभी जनानी स्वास्थ्य स्वयंसेवक लोग सहित वार्ड अध्यक्ष आलम घर घर मे पुग के माक्स वितरण कईल आ कोरोना भाईरस से खुद भी बँची आ आउर के भी बँचावे के जईसन पोष्टर पम्पलेट बाटेके अध्यक्ष आलम निर्देशन भी देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे ईलाका प्रहरी कार्यालय एकटंगा के सहायक प्रहरी निरीक्षक, स्थानीय स्वास्थ्य चौकी के इन्चार्ज देव गिरी, वार्ड सदस्य योगेन्द्र साह, सतिया देवी, धुरुप राय भर स्वास्थ्यकर्मी सुमन चौधरी, स्थानीय समाजसेवी अशोक यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






