वीरगंज मे तरकारी, फलफूल आ खाद्यान्न किने खातिर बाहर निकले देहल जाई

वीरगंज १३ चईत,
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से बँचे खातिर सरकार लकडाउन के घोषणा कईले बा । ओकर पालना करावे खातिर सुरक्षाकर्मीलोग खटल बाडन । उलंघन करेवाला के कारबाही हो रहल बा ।
सवारी साधन नियन्त्रण मे लेके जरीवाना लेके छोडल गईल बा ।
माकिर वीरगंज महानगरपालिका मे तरकारी फलफूल आ खाद्यान्न खरिद के खातिर निकले देवेके भईल बा ।
तरकारी आ फलफूल किने खातिर सबेरे आ खाद्यान्न किने खातिर दिन के समय तोकल गईल बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णु कुमार कार्की के अध्यक्षता मे बुध के दिने बईठल बईठक से ओईसन निर्णय कईले बा । म
प्रमुख विजयकुमार सरावगी सहित के उपस्थिति मे बईठल बईठक से जनप्रतिनिधि तथा वार्ड अध्यक्षलोग खाद्यान्न बिक्री वितरण के खातिर स्थान तोकेके निर्णय कईले बा । उ दोकान मे जरुरी पडल सर्वसाधरण जाके सबेरे ११ बजे से दिन के ३ बजे तक अत्यावश्यक दैनिक उपभोग्य खाद्यान्न किन सकत बाडन ।
एहितरे सामुदायिक प्रहरी बिट रहल जगहासब मीनाबजार, मुरली, ग्रिनसिटी (पुरानो बसपार्क), छपकैया, कुम्हालटोल, बिर्ता तथा रानीघाट से तरकारी तथा फलफूल बिक्री करे देहल जाई ।
सबेरे ७ बजे से दिन के १ बजे तक उ जगहा मे दोकान खुल्ला रही । तरकारी, फलफूल तथा खाद्यान्न बिक्री वितरण कईला पर भिडभाड ना करके कम्ति मे ३ फिट के दुरी कायम होखेवाला किसिम से व्यवस्थित रुप मे लाइन मिलावे के निर्णय बईठक से कईले बा ।
बईठक से जरुरी सेवा मे काम करेवाला कर्मचारीलोग के विशेष अवस्था मे बाहेक सबेरे ७ बजे से पहिले हि कार्यालय मे पुगेके आ सँझिया ६ बजे के बाद मात्र फिर्ता होखेके निर्देशन देहले बा ।






