अश्लिल गीत तथा डिजे साउण्ड बन्द करावे खातिर ज्ञापन

प्रभु यादव

बारा ०८ चईत

अश्लिल गीत तथा डिजे साउण्ड बन्द करावे खातिर कलैया सिटी जेसिज जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा आ कलैया उपमहानगरपालिका मे ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।

कलैया सिटी जेसिज के अध्यक्ष जेसी शम्भु कुमार गुप्ता के नेतृत्व मे गईल एगो टोली कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र के ज्ञापन पत्र बुझवले बा । उ ज्ञापन पत्र बुझावे के समय मे कलैया सिटी जेसिज के पुर्व अध्यक्ष जेसी धनिलाल साह सोनार, महासचिव जेसी पवन कुशवाहा, कार्यकारिणी उपाध्यक्ष जेसी विजय गिरी, कोषाध्यक्ष जेसी सुबास जयसवाल, उपाध्यक्ष जेसी सन्दिप साह, जेसी राहुल सर्राफ, सदस्य जेसी आदिल अंसारी, जेसी रोशन श्रीवास्तव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

कलैया उपमहानगरपालिका एकरा से पहिले हि बोर्ड बईठक से आपन स्थानीय तह मे अश्लिल गीत तथा डिजे साउण्ड बन्द करेके निर्णय कईले रहे । माकिर एकर प्रभावकारी कार्वाही भईल नइखे ।

अटेरी करेवाला के सामान जफत तथा ५ हजार के जरिवान भी करेके निर्णय कईल नागरिक सम्बाद मंच कलैया के सद्स्य तथा अस्लिल गित तथा डिजे बन्द करावेके अभियान के कानुनी सल्लाहकार जेसी सावित्री शर्मा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।