लकडाउन के समय मे जुवा खेलेवाला ११ जने पुलीस हिरासत मे

वीरगंज १७ चईत,

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका से जुवा खेल रहल अवस्था मे ११ जने के पुलीस पकडले बा ।
जिराभवानी गाँवपालिका सखुबनिया टोल स्थित फुलबारी मे जुवा खेल रहल स्थानीय २८ बरीस के धर्मराज पंजियार, ३२ बरीस के सुरेश प्रसाद थारू, ३० बरीस के बिनोद चौधरी, ३० बरीस के बिनय थारु, गोबिन्द कुमार थारू, ओझैया थारु, शिव शंकर नुनिया, सूर्य नारायण पंजियार, ३२ बरीस के हरिश्वर प्रसाद दहेत, ४८ बरीस के शिव जनक गौरो आ ३५ बरीस के विरेन्द्र प्रसाद चौधरी पकडाईल बाडन ।

लकडाउन के समय मे ११ जने के संख्या मे जम्मा होके जुवातास खेल रहल सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली से गईल टोली उलोग के एतवार के सँझिया नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

जुवातास खेल रहल जगहा से नगद ५७ हजार २ सय ९० रोपेया भी बरामद भईल पुलीस निरीक्षक दिपक चोरवार जानकारी देहनी । उलोग के आउर अनुसन्धान तथा कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।