आउर ९ जने मे कोरोना पुष्टि संक्रमित के संख्या २६७ पुगल

काठमाण्डु २ जेठ
शुक के सँझिया आउर ९ जने मे कोरोना पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे संक्रमित के संख्या २६७ पुगल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के सहप्रवक्ता डा. समीरकुमार अधिकारी जानकारी देहनी ।
शुक के दिने सबेरे भी ९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला, काठमाण्डु, वि.पी. कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान आ भेरी अस्पताल, नेपालगंज मे कईल परीक्षण मुताविक नयाँ पुष्टी भईल बा ।
नयाँ पोजिटिभ देखल गईल पर्सा के १० बरीस के लईका, २३, ४७ बरीस के जनानी, उदयपुर, त्रियुगा नगरपालिका निवासी २५ बरीस के पुरुषस दाङ के गढवा– ४, ५ आ तुलसीपुर–७ निवासी २३, ३६, ३४ बरीस के पुरुष बाडन । सँगे काठमाण्डु, सतुंगल निवासी ७ बरीस के लईका मे भी कोरोना पोजिटिभ देखल गईल बा ।
मन्त्रालय के मुताविक अभी तक पीसीआर विधि से २३ हजार ९ सय १४ नमुना परीक्षण कईल बा ।
संक्रमण बढेके खतरा देखल गईल क्षेत्र मे मन्त्रालय परीक्षण के दायर बढावत आईल बा । आरडीटी विधि से ६३ हजार ८५ जने के नमुना परीक्षण कईल बा ।
अभी क्वारेन्टाइन मे १५ हजार ६ सय ८३ जने रहल बाडन आ उपत्यका मे २७ आ बाहर २४० करके २६७ जने आइसोलेसन मे बाडन ।






