राहत बाँटेके समय मे कालिकामाई के जनप्रतिधि आलु ब्यापर कईला मे बिरोध

वीरगंज १८ चईत,

जनता के राहत बाँटेके समय मे पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के जनप्रतिनिधि आलु ब्यापर कईल कहत स्थानिय एक नेता बिरोध जनवले बाडन ।
राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. २ के वार्ड कमिटी अध्यक्ष माओ प्रसाद कुशवाह एगो प्रेस विज्ञप्ती जारी करत ओईसन काम के बिरोध कईले बानी ।

उ प्रेस विज्ञप्ती मार्फत विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कारोना भाइरस संक्रमण रोकथाम के खातिर देश हि लक डाउन मे रहल समय हरेक दिन मजदुरी करके जिविकोपार्जन करेवाला बहुते गरिब विपन्न परिवार के समस्या भईल स्वभाविक हि ह । प्रदेश सरकार ओईसन गरिब परिवार के राहत वितरण करे खातिर हरेक गाँवपालिका के रु १० लाख अनुदान देवेके भी घोषणा कईले बा ।

पर्सा के कुछ पालिका ओईसन परिवार के राहत भी बाँट रहल बा । माकिर पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका राहत बाँटला के बदले वार्ड नं. २ भेडिहारी मे गाँवपालिका अध्यक्ष नथुनी प्रसाद आ वार्ड अध्यक्ष सोनालाल चौरसिया संयुक्त रुप मे आलु दोकान संचालन मे लियावल बतवले बाडन ।

उनका से जारी कईल प्रेस विज्ञप्ती मे स्थानिय एक आदमी के घर से गाँवपालिका से प्रति किलो रु ४७ आलु बिक्री हो रहल बात माइकिङ्ग से सुनला पर अचम्म लागल । अईसन संकट के अवस्था मे राहत बाँटेके भा गाँववासी के खातिर सुपथ दाम के खाद्यान्न सामान के दोकान संचालन करेके अवस्था मे जनप्रनिनिधिलोग से हि नफा कमाएके उद्देश्य से व्यपार खडा कईल उपर हमनी के गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल उल्लेख बा ।

उ ई केतना के न्यायोचित बा जनता ओकर मूल्यांकन करी । माकिर ओइसन काम के हम आ हमर पार्टी विरोध कईल ईहे प्रेस विज्ञप्ती मार्फत सम्बन्धित सभी के जानकारी करावे के चाहत बानी प्रेस विज्ञप्ती मार्फत कहले बानी ।

एकरा साथे संक्रमण से बँचे खातिर वार्डबासी के उनका से जारी कईल प्रेस विज्ञप्ती मार्फत आपन आपन घर भितर हि रहे खातिर निहोरा करत अईसन अवस्था मे आउर पालिका के जनप्रतिनिधिलोग आपन आपन पालिका के जनता के सेवा मे लागल समय कालिकामाई गाँवपालिका आ वार्ड के जनप्रतिनिधिलोग सुत रहल अवस्था मे जागे खातिर निहोरा कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।