२२०० परिवार के परोहा नगरपालिका राहत बँटलख

रौतहट २१ चईत,

रौतहट के परोहा नगरपालिका दु हजार दु सय परिवार के राहत बँटले बा । सरकार से घोषणा कईल लकडाउन नगरपालिका भितर के विपन्न तथा असहाय परिवार के दैनिक जीविकोपार्जन मे समस्या भईला के बाद राहत बाँटल गईल नगरपालिका जनवले बा ।

परोहा नगरपालिका के मेयर शेख वकिल प्रतिपरिवार १५ किलो चाउर, दु किलो दाल, खाने तेल, नुन तथा सोयाबिन वितरण कईल जानकारी देहनी । मेयर वकिल के मुताविक, परोहा नगरपालिका के सात हजार ७२ घरधुरी मेसे ९ गो वार्ड के दु हजार दु सय विपन्न परिवार के राहत बाँटल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।