कोरोना संक्रमण के शङ्का मे वीरगंज मे एक जने भर्ना
वीरगंज २० चईत,
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे नोवेल कोरोना भाइरस संक्रमण के आशङ्का मे एक मरेजी के भर्ना कईल गईल बा । बारा के कलैया–२६ के ७० बरीस के बुढ मे कोरोना भाइरस संक्रमण के आशङ्का कईल बा ।
एक हप्ता पहिले भारत से आईल उनका मे कोरोना भाइरस के संक्रमण से मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईल अस्पताल के चिकित्सक बतवले बाडन । प्रारम्भिक स्वास्थ्य परीक्षण के बाद उनका के बियफे के दिने आइसोलेसन मे राखल गईल बा ।
अस्पताल मे ईलाज के खातिर आईल एगो बुढ मे देखल गईल लक्षण के आधार मे कोरोना भाइरस संक्रमण होखे सकेके देखल गईला के बाद आइसोलेसन मे राखल गईल मेसु डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
‘कफ बा, बोखार नइखे, ट्राभल हिष्ट्रि भारत बा । बढिया से बात बतावे नइखी सकत,’ कहत उ, ‘ओहिसे आइसोलेसन मे अब्र्जभेसन के खातिर राखल गईल बा,’ आजु अस्पताल भर्ना भईल उनकर, ‘थ्रोट स्वाब’ संकलन ना भईल उ बतवनी । कोरोना भाइरस संक्रमण के आशङ्का मे अस्पताल मे ठोरी से आईल आउर दु जने आइसोलेसन मे बाडन ।






