आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल दु युवक मे कोरोना ना भईल पुष्टि

वीरगंज २१ चईत,
कोरोना संक्रमण भईल आशंका मे वीरगंज के नारायणी अस्पताल के इसोलेसन वार्ड मे राख के ईलाज हो रहल ५ मेसे २ जने मे कोरोना ना भईल पुष्टि भईल बा ।
सोलेसन बितल मंगर के दिने सँझिया से राखल पर्सा के ठोरी के दु युवक मे कोरोना संक्रमण ना भईल शुक के दिने सँझिया पुष्टि भईल अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहले बानी ।
दुनु युवक के स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर काठमाण्डु के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे पठावल गईल रहे । प्रयोगशाला से शुक के दिने सँझिया आईल रिपोर्ट नेगेटिभ रहल मेसु उपाध्याय जानकारी देहनी ।
मंगर के दिने ठोरी २ के एक युवक मे लगातार बेसी बोखार आवेके, देह दुखाएके लगायत के समस्या देखल गईला के बाद उ आ उलोग सँगे हेलमेल मे रहलनातेदार दोसर युवक दुनु जने के कोरोना संक्रमण के आशंका मे मंगर के दिने हि सँझिया वीरगंज मे लिया के नाराणयी अस्पताल के आइसोलेसन मे राखल गईल रहे ।
भारत के नयाँ दिल्ली मे मजदुरी करत आ रहल उ युवक बितल चईत ६ गते नेपाल आईल रहलन । रिपोर्ट नेगेटिभ अईला पर भी दुनु जने के घेँट मे कुछ समस्या रहला से ईलाज चल रहल कहत मेसु उपाध्याय कहनी कि, “रिपोर्ट नेगेटिभ अईला पर भी १४ दिन तक आइसोलेसन वार्ड मे राखेके पडि, १४ दिन पुगला के बाद मात्र डिस्चार्ज कईल जाई ।”





