सञ्चारकर्मी के स्वास्थ्य सुरक्षा सामान उपलब्ध करावे खातिर प्रेस काउन्सिल नेपाल के माग

काठमाण्डु २४ चईत,
सञ्चारकर्मी के स्वास्थ्य सुरक्षा सामान उपलब्ध करावे खातिर प्रेस काउन्सिल नेपाल माग कईले बा ।
कोभिड–१९ के जोखिम बढ रहल उल्लेख करत काउन्सिल अन्तर्राष्ट्रिय सीमा सहित जोखिमपूर्ण क्षेत्र के समाचार संकलन मे खटेवाला पत्रकार के खातिर स्वास्थ्य सुरक्षा सम्बन्धी सामान उपलब्ध करावे खातिर सरकार से माग कईले बा ।
काउन्सिल के आजु बईठल बईठक से कोभिड–१९ नियन्त्रण के खातिर सभी किसिम के सञ्चारमाध्यम से सन्देशमूलक सूचना सामान आ कार्जक्रम प्रकाशन÷प्रसारण करे खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय, संघ आ प्रदेश आ स्थानीय सरकार से जरुरी सहकार्य आ बजेट व्यवस्था करे खातिर भी सरकार के ध्यानाकर्षण करावे के निर्णय भी लेहले बा ।
संक्रमण से बँचे खातिर सरकार से कईल लकडाउन के बाद नेपाली आमसञ्चारमाध्यम से सहेवाला चरम पीडा के समीक्षा करत विद्युत, टेलिफोन, इन्टरनेट सहित के सञ्चार सामान मे छुट आ अनुदान के व्यवस्था करे खातिर सरकार से माग कईले बा । कोभिड–१९ के संक्रमण आ रोकथाम के खातिर राज्य हि बन्दाबन्दी “लकडाउन” रहल अवस्था मे अहोरात्र खट के चेतनामूलक सूचना सामान सम्प्रेषण करे खातिर देशभर के सञ्चारमाध्यम से निर्वाह कईल भूमिका के सराहना कईले बा ।
कोभिड–१९ के जोखिम से सुरक्षित रह के विश्वसनीय, सन्तुलित आ सत्यतथ्यपूर्ण सूचना एवं समाचार–सामग्री सम्प्रेषण करे खातिर आमसञ्चारमाध्यम के निहोरा भी कईल बा ।
सार्वजनिक आवतजावत बन्द भईला के साथे वितरण करेके, सम्पादन, व्यवस्थापन समूह एक जगहा मे लागे ना सकेके, छापाखाना मे प्राविधिकसब ना आवेके अवस्था भईला से प्रकाशन अवरुद्ध पत्रपत्रिका के हक मे लोककल्याणकारी विज्ञापन भुक्तानी आ वर्गीकरण के खातिर ई समय मे अंक ना पुगला पर भी भुक्तानी आ वर्गीकरण के नीतिगत निर्णय करे खातिर भी सरकार से निहोरा कईले बा ।
काठमाण्डु प्रेस अनलाइन न्यूज पोर्टल के निर्माणकर्ता÷सेवा प्रदायक से हि अनलाइन सञ्चारमाध्यम मे प्रवेश करके “कन्टेन्ट” भी हटावल उपर ध्यानाकर्षण भईल जनावत बईठक से उ काम स्वतन्त्र प्रेस के मूल मर्म आ भावनाविपरीत भईल ठहर कईले बा ।
बईठक से ओकर सत्यतथ्य छानबिन करके दोषी उपर कारवाही आ आइन्दा ई प्रवृत्ति के प्रेस स्वतन्त्रताविरोधी हस्तक्षेप कहुँ से होखे ना देवेके व्यवस्था मिलावे खातिर सम्बन्धित सभी मे निहोरा करेके निर्णय भी कईले बा ।
काउन्सिल कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम, नियन्त्रण तथा ईलाज कोष मे अध्यक्ष के सात, अधिकृत कर्मचारी के पाँच आ सहायकस्तर के कर्मचारी सभी के तीन दिन के तलबबराबर के रकम जम्मा करेके निर्णय कईल सूचना अधिकृत दीपक खनालद्वारा जारी विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।






