सुरक्षित तरिका से समाचार सम्प्रेषण करावे के वातावरण बनाई : महासङ्घ

काठमाण्डु, २५ चईत,

नेपाल पत्रकार महासङ्घ कोभिड–१९ के सङ्क्रमण फईले ना देवे खातिर सरकार से कईल ‘लकडाउन’ के समय मे सुरक्षित तरिका से समाचार सम्प्रेषण करावेवाला वातावरण बनावे खातिर निहोरा कईले बा ।

महासङ्घ के महासचिव रमेश विष्ट आजु एगो विज्ञप्ति जारी करत असहजता परिस्थिति के बीच अनेको कठिनाई आ जोखिम सहके नागरिक के सुसूचित करावे के महत्वपूर्ण दायित्व पत्रकार से बहन कर रहल बतवले बानी ।

संविधान से सुनिश्चित कईल पत्रकार के अधिकार के सम्मान करके पत्रकार के सही आ सहज तरिका से सूचना उपलब्ध करावे खातिर आ स्वतन्त्र, सुरक्षित एवं निर्वाधरूप मे काम करेके वातावण निर्माण करे खातिर भी महासङ्घ सम्बन्धित निकाय से माग कईले बा ।

विषम परिस्थिति मे सम्भावित जोखिम के ख्याल ना करके नागरिक के सुसूचित करावे के पेशागत कर्म मे जुटल पत्रकार उपर अनेकन पक्ष से हो रहल आक्रमण, दुर्व्यवहार, हाथपात, समाचार सङ्कलन मे रोक लगायत घटना उपर गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल महासङ्घ जनवले बा

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।