एम्बुलेन्स मे कर्मचारी, दूध लादेवाला गाडी मे दारु

मकवानपुर २५ चईत,
जिल्ला प्रहरी कार्यालय मकवानपुर मरेजी लादेवाला एम्बुलेन्स मे निजी अस्पताल के कर्मचारी ढुवानी के मिलला के बाद नियन्त्रण मे लेहले बा । लकडाउन के समय मे निजी अस्पताल के कर्मचारीलोग ढुवानी करे खातिर एम्बुलेन्स प्रयोग होखे लागला के बाद पुलीस सक्रियता बढवले बा ।
पुलीस ना४च १७७७ नम्बर के एम्बुलेन्स नियन्त्रण मे लेके अब से अईसन ना करेके प्रतिबद्धता जनवला के बाद छोडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय मकवानपुर जनवले बा । एहितरे पुलीस दुग्द्य सामान लादेवाला लिखल अटो मे दारु लादल मिलला के बाद पकडले बा ।
पुलीस मकवानपुरगढी गाँवपालिका–५ स्थित श्रृजना दुग्ध उत्पादक सहकारी संस्था के दुध लादेवाला अटो के दारु सहित नियन्त्रण मे लेहले बा । पुलीस उ अटो मे रहल करिब १४० लिटर दारु जफत कईले बा ।





