३३ जने कैदीबन्दी छुटलें

वीरगंज २६ चईत,

देश मे बढत गईल कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण के चलते वीरगंज कारागार दु भारतीय सहित ३३ जने कैदी बन्दी के छोडले बा ।

सर्वोच्च अदालत से कईल निर्णय मुताविक बेसी मे एक बरीस से कम सजाय भोगेके बाँकी रहल कैदीबन्दी दिन के रु ३०० जरिवाना तिर के छोडेके निर्णय कईला के बाद जिल्ला अदालत मे उ मुताविक देहल निवेदन मुताविक ३८ जने मेसे ३३ जने के छोडल गईल जेलर श्रवणकुमार पोखरेल जानकारी देहनी ।

बाँकी पाँच जने कैदीबन्दी सजाय भुक्तान के खातिर अदालती प्रक्रिया मे रहल बाडन । छुटेके कैदी मेसे खास करके बहुवियाह, सवारी ज्यान, पिटपाट, किर्ते, ठगी, लागुऔषध, चेलीबेटी बेचविखन लगायत मुद्दा मे सजाय काट रहल कैदी भईल बतावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।