धोबनी गा.पा.मे सरसफाई कीट बाँटल गईल

पोखरिया २९ माघ,

पर्सा जिल्ला के धोबनी गाँवपालिका मे पहिले से घर–घर मे सिपटी बना के प्रयोग कर रहल २ सय २४ घरपरिवार के उत्कृष्ट पुरस्कार स्वरुप सरसफाइ कीट बाँटल गईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि गाँवपालिका अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी किट बाँटत अब घर घर मे सिपटी भईला पर भी बाहर पैखान करेवाला उपर कारवाही करेके बतवनी । स्वस्थ्य रहे खातिर सिपटी प्रयोग करे खातिर निहोरा कइनी ।

धोबनी गाँवपालिका के वार्ड लंगडी, धोबनी, हरिहरपुर, भिखमपुर, घोडदौरा पिपरा लगायत के गाँव से घर मे सिपटी बना के प्रयोग करत आईल २ सय २४ जने पुरस्कार सवरुप सरसफाइ कीट बाँटल गईल बा ।

कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष मजिद मियाँ, मनाउर मियाँ, राजकिसोर पटेल, ललन कुर्मी, नन्दलाल कुर्मी, प्रमुख प्रसासकिय अधिकृत भरत चौधरी, सदस्य मदन फौदार, कमल ठाकुर, युनिसेफ के कार्जक्रम संयोजक नरेन्द्र साह, निरज पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।