गृह के निर्देशन के बाद सांसद यादव सहित ४ जने होम क्वारेन्टाइन मे

वीरगंज २७ चईत

सीमावर्ती भारत के रक्सौल मे बनावल गईल क्वारेन्टाइन मे राखल नेपाली के बुध के दिने भेट करे गईल पर्सा क्षेत्र नं १ के प्रतिनिधि सभा सांसद प्रदीप यादव सहित ४ जने आजु से होम क्वारेन्टाइन मे बईठल बाडन ।

गृह मन्त्रालय के निर्देशन के बाद यादव लगायत उनकर चालक आ दु जने सञ्चारकर्मी सहित के होम क्वारेन्टाइन मे रहल बानी । ‘सिडियो साहेब घर मे रहके सहजोग करीं, बहुते प्रेसर आईल कहला के बाद होम क्वारेन्टाइन मे बानी,’ कहत यादव, ‘रक्सौल मे रहल क्वारेन्टाइन मे नेपालीलोग कईसे रहल बाडन कहके समाचार बुझे गईल रहनी ।

बुध के दिने स्थानीय प्रशासन आ भारतीय महावाणिज्य दुतावास के समन्वय मे खुद रक्सौल गईल यादव बतवले बानी । एने पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की भारत के रक्सौल मे रहल क्वारेन्टाइन मे जाए खातिर सांसद यादव खुद के कउनो जानकारी ना करावल बतवले बानी ।

दुनु देश मे लकडाउन जारी रहल अवस्था मे अन्तराष्ट्रिय नाका से यात्रु आवागमन भी रोक लगावल गईल बा । अईसन समय मे सांसद यादव प्रशासन के अनुमति बिना कईसे रक्सौल पुगनी कहके चर्चा के विषय बनल बा ।

रक्सौल के क्वारेन्टाइन मे सांसद से अनुगमन कईल तस्बिर सार्वजनिक भईला के बाद गृह मन्त्रालय बियफे के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के सांसद यादव के क्वारेन्टाइन मे राखेके व्यवस्था मिलावे खातिर निर्देशन देहले रहे ।

दुनु देश मे जारी लकडाउन के चलते रक्सौल के हजारी मल उच्च माध्यमिक विद्यालय मे स्थापना भईल क्वारेन्टाइन मे भारत के अनेकन सहर से आईल १५ जने नेपाली नागरिक रहत बाडन । डब्लुएचओ के मापदण्ड बमोजिम दूरी बना के क्वारेन्टाइन मे रहल नागरिक से भेट कईल सांसद यादव दाबी कईले बानी ।

माकिर, सांसद यादव क्वारेन्टाइन अनुगमन कईल समय सार्वजनिक भईल तस्बिर मे उ मास्क खोल के आदमी से बातचीत आ राहत देहल देखल गईल बा । क्वारेन्टाइन मे रहल के चेकजाँच कईला पर भी मापदण्ड पुगा के करेके पडि ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।