कोरोना ईलाज कोष मे कैदी बन्दीद्वारा ७५ हजार सहजोग

वीरगंज २८ चईत

वीरगंज कारागार के कैदीबन्दीलोग कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम, नियन्त्रण तथा ईलाज कोष मे आर्थिक सहजोग कईले बाडन ।

कारागार कार्यालय वीरगंज के कैदीबन्दी ७५ हजार ८ सय ४० रोपेया आर्थिक सहजोग कईले बाडन ।

कैदीबन्दी से सहजोग कईल पईसा शुक के दिने जेलर श्रवणकुमार पोखरेल के हस्तान्तरण कईल बा । कारागार मे १२ सय ८६ जने कैदीबन्दी बाडन ।

उलोग मेसे १२ सय ६४ जने स्वेच्छिक रुप मे एक दिन के खर्च (६० रोपेया) राहत कोष के खातिर सहजोग कईल कारागार प्रमुख पोखरेल बतवनी ।

वीरगंज कारागार से एकरा से पहिले भी सरकारवादी फौजदारी कसुर मे १ बरीस से कम सजाय मिलल २ जनानी सहित ३३ जने कैदीबन्दी छुटल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।