वीरगंज–१५ मे अस्पताल उदघाटन करे पुगल मेयर सरावगी विरुद्ध प्रदर्शन, कमसल काम भईल आरोप

वीरगंज २९ माघ

वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी के उद्घाटन कार्यक्रममा बवाल भएको छ ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १५ लक्ष्मणवा मे नवनिर्मित चारकोठे आधारभुत स्वास्थ्य चौकी के उदघाटन करे पुगल वीरगंज महानगरपालिकाका के मेयर विजय सरावगी के अपने पार्टी के नेता कार्यकर्ता अवरोध कईले बाडन ।

जसपा के नेता कार्यकर्ता नाराबाजी करत बिरोध मे उतरला के बाद अस्पताल के मुल गेट मे दु पक्ष बीच धक्काधुक्की भईल रहे । आपन वार्ड मे निर्माण भईल स्वास्थ्य चौकी के उदघाटन करे पुगल मेयर सरावगी वार्ड अध्यक्ष एवं बीरगंज महानगर अध्यक्ष से भी जानकारी ना देहल कहत पार्टी के स्थानिय नेता कार्यकर्ता आपत्ती जनवले रहलन ।

स्थिति के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस के मुस्किल भईल रहे । उ समय मे जनता समाजवादी पार्टी के नेता कार्यकर्तालोग बिजय सरावगी के अस्पताल के मुल गेट मे अवरोध के प्रयास करत मेयर सरावगी मुर्दाबाद के नारा लगवले रहलन ।

अस्पताल के गेट मे मेयर सरावागी विरुद्ध नाराबाजी आ बिरोध के भईला के बाद पुलीस के सहजोग मे मेयर सरावगी अस्पताल मे घुसल रहनी । उ समय पुलीस आ जसपा के कार्यकर्ता बीच झडप भी भईल रहे ।

मेयर सरावगी अस्पताल मे घुसला के बाद जसपा के नेता कार्यकर्तालोग मेयर चोर, मेयर गद्दार लगायत के नारावाजी कईले रहलन । पुलीस के घेरा मे अस्पताल के मुख्य कक्ष मे रहके मेयर सरावगी बिरोध कार्जक्रम सान्त भईला के बाद शिलालेख खोल के अस्पताल उदघाटन कईले रहनी ।

संघिय सरकार के अनुदान मे बनल अस्पताल के निर्माण कम्पनी बहुते कमसल काम कईल आ अस्पताल संचालन के खातिर जरुरी भौतिक संरचनासब अभी भी ना रहल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन । मेयर सरावगी अस्पताल उदघाटन के समय मे पार्टी के कार्यकर्तालोग से देखावल आचारण पार्टी के अनुशासन बिपरित रहल बतवले बाडन । पार्टी अध्यक्ष के पुतला जरावेके तथा पार्टी झण्डा जरावेवाला उहे नेता कार्यकर्ता रहल सरावगी बतवनी । उ अस्पताल के बाकी भौतिक संरचना महानगर जलदी बजेट निकासा करके बनावेके सरावगी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।