प्रदेश २ सरकार कृषि कर्जा के ४ महिना के व्याज तिरी

जनकपुरधाम २८ चईत,
प्रदेश २ सरकार कोरोना महामारी रोके खातिर कईल लकडाउन के चलते प्रभावित किसान से लेहल कर्जा के चार महिना के व्याज तिरेके निर्णय भी कईले बा ।
शुक के दिने सबेरे बईठल प्रदेश मन्त्रिपरिषद बईठक से किसान से बैंक, वित्तीय संस्था भा सहकारी से लेहल कर्जा के ४ महिना के व्याज तिरेके निर्णय कईले बा ।
कृषि कर्म के खातिर किसानलोग ५ लाख तक लेहल कर्जा मे अधिकतम १२ प्रतिशत तक के ४ महिना के, पाँच लाख से १५ लाख तक के कर्जा मे १२ प्रतिशत तक के व्याजदर मे ५० प्रतिशत तिरेके निर्णय भईल सरकार के प्रवक्ता एवं आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव जानकारी देहनी ।
एहितरे १५ लाख से ३० लाख तक के कर्जा मे ४० प्रतिशत आ ३० लाख से बेसी के कर्जा मे कृषि सहकारी तथा भूमि व्यवस्था मन्त्रालय के सिफारिस मे मन्त्रिपरिषद से निर्णय कईल मुताविक व्याज तिरेके निर्णय भईल उ बतवनी ।
एहितरे, दूध, फलफूल, तरकारी, मुर्गी तथा मछरी पालक किसान के आउर राहत देवेके निर्णय प्रदेश सरकार से कईल यादव बतवनी ।
स्वास्थ्यकर्मी के मृत्यु भईला पर परिवार के ५० लाख
प्रदेश २ सरकार कोभिड १९ रोकथाम तथा ईलाज मे खटेके समय मे मृत्यु होखेवाला परिवार के ५० लाख रोपेया राहत देवेके घोषणा कईले बा ।
मन्त्रिपरिषद् बईठक से कोरोना नियन्त्रण आ ईलाज के खातिर खटेवाला आदमी के मृत्यु भईला पर उनकर परिवार के ५० लाख रोपेया देवेके निर्णय कईले बा ।
कोरोना महामारी नियन्त्रण, रोकथाम तथा ईलाज मे संलग्न होखेवाला निजामती भा आउर कर्मचारी, सरकारी, गैरसरकारी भा निजी क्षेत्र के स्वास्थ्यकर्मी, एम्बुलेन्स चालक, सहजोगी स्वास्थ्यकर्मी, भा आउर कर्मचारी तथा पदाधिकारी केहु के मृत्यु भईला पर ई रोपेया देवेके निर्णय प्रदेश सरकार कईले बा ।





