वार्ड नम्बर २५ मे राहत बाँटल गईल

वीरगंज २९ चईत
वीरगंज महानगरपालिका राहत बितरण काम मे तेजी देहले बा । नगर प्रमुख बिजय कुमार सरावगी के विशेष पहल मे महानगरपालिका के निर्णय मुताविक सभी वार्ड मे राहत बाँटेके काम के प्राथमिकता देत राहत बाँटेके काम के अगाडि बढावल गईल बा ।
आजु वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर २५ के वार्ड अध्यक्ष विश्वराज राउत कुर्मि के विशेष उपस्थिती मे मौजे श्रीसिया आ भन्सार टोला श्रीसिया मे रहल ३०८ परिवार के राहत बाँटल गईल बा ।
हरेक परिवार के १५ किलो चाउर, डेढ किलो दाल, १ लिटर तेल आ नमक के पाकेट सहित के सामान बाँटल गईल वार्ड कार्यालय जनवले बा ।
उ वार्ड मे रहल वाकि २ गो रोल, ड्राइपोर्ट आ खलवाटोल श्रीसिया मे एतवार के दिने राहत बाँटेके कार्जक्रम रहल जनावल गईल बा ।






