चोरालुका के भारत जाएवाला ९ जने कामदार पकडईलें

वीरगंज २९ चईत
समान लादेवाला ट्रक भितर लुका के रहल वीरगंज से आईसीपी के रास्ता होत राजस्थान जाएके खोजला पर डाईबर सहित ९ जने कामदारलोग पकडाईल बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १७ मे रहल(आईसीपी) इन्टर ग्रेटट चेक पोष्ट मे आजु वीरगंज के शिवशक्ती आयल के ८ जने कामदारलोग माल बाहक ट्रक आरजे१४जीई ७३९२ नम्बर के ट्रक से गोर्खाली योद्धा सेक्युरिटी सर्भिस प्रा.लि. के गार्ड कमान्डर बाबु भगवान सिंह के नेतृत्व मे नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।
पकडाईल भारत राजस्थान के ट्रक चालक रामपोल मेडा शिवशक्ती आयल मे कार्यरत कामदार करण सिंह, मम सिंह, राजेन्द्र सिंह, दिपेन्द्र सिंह, रामलाल, दुलिचन, श्रीचान रोहित सिंह रहल बाडन ।
पकडाईल ९ जने सहित ट्रक के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पठावल गईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक विष्णु उप्रेती बतवनी ।






