नारायणी अस्पताल के जलदी से जेनरल अस्पताल बनावे खातिर नेपाल चिकित्स संघ, नारायणी शाखा के माग

वीरगंज १९ बैशाख

जन अपेक्षा मुताविक नारायणी असप्ताल मे जलदी से जेनरल सेवासब सूचारु करे खातिर नेपाल चिकित्स संघ, नारायणी शाखा माग कईले बा ।

संघ के सचिव डा. उदय नारायण सिंह जन अपेक्षा मुताविक नेतृत्वदायी भुमिका निर्वाह करके जेनरल अस्पताल मे सेवासब सुचारु करे खातिर वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट से एक निवेदन मार्फत निहोरा कईले बानी ।

घना बस्तिसब के बिच रहल नारायणी अस्पताल मे कोरोना रोगी मात्र भर्ना होखेवाला आवस्था से प्रसुति लगायत आउर जेनरल सेवा के मरेजीलोग ईलाज बिहिन भईल सिकाईत दिन पर दिन बढत गईल बा ।

विकल्प के रुप मे प्रस्तुत कईल अस्पताल तथा स्वास्थ्य संस्थासब अपेक्षा मुताविक सस्ता सुलभ आ स्तरिय सेवा प्रवाह करे ना सकल भी जनगुनासोसब अनेकन सञ्चारमाध्यमसब मे आ रहला से नारायणी अस्पताल के जेनरल अस्पताल बनावे के माग कईल बा ।

अभी विश्वभर हि फईलल कोरोना भाइरस महामारी के संत्रास के बिच उच्च जोखिमपूर्ण क्षेत्र मे रहल नारायणी अस्पताल ई भयावह महामारी से लडेमे पुगावल योगदान प्रसंशनीय रहल कहत इहाँ के नेतृत्वदायी भुमिका देश भर के अस्पतालसब के खातिर अनुकरणीय आ उदाहरण बनल संघ के सचिव डा. सिंह बतवले बानी ।

प्रदेश २ के एकमात्र महानगरपालिका वीरगंज के केन्द्र मे रहल ई प्रदेश के प्राय सभी जिल्लावासीलोग लगायत मित्रराष्ट्र भारत के सिमावर्ती जिल्लाबासीलोग के स्वास्थ्य ईलाज के खातिर पहिलका रोजाई नारायणी अस्पताल हि रहल पत्र मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।