जिपि कोईराला फाउन्डेसन वीरगंज वार्ड नं. १ आ ३ मे राहत बँटलख

वीरगंज २९ चईत
विश्व व्यापी रुपमे कोरोना भाईरस के संक्रमण फईल रहल अवस्था मे गिरिजा प्रसाद कोईराला फाउण्डेशन पर्सा खाद्यन्न सामान राहत स्वरुप बँटले बा ।
हरदम ज्याला मजदुरी करके कमाके खाएवाला के गिरिजा प्रसाद कोईराला फाउण्डेशन पर्सा वीरगंज महानगर पालिका वार्ड नं १ आ ३ के ६०० विपन्न परिवार के खाद्यन्न सामान देहले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं १ आ ३ के बहुते विपन्न तथा दैनिक ज्यालादारी करेवाला कमा के खाएवाला तथा लकडाउन के चलते घर भितर रहेके पडला से आमदानी ना भईल घर परिवार के चाउर ७ किलो, आलु ३ किलो, दाल १ किलो, नुन १ पाकेट, तेल ५०० ग्राम, गहु के पिसान, २ किलो लगायत के समान उपलब्ध करावल फाउण्डेशन पर्सा के अध्यक्ष मोहम्मद सहाबुदिन बतवले बानी ।
राहत वितरण मे फाउण्डेशन पर्सा के अध्यक्ष मोहम्मद सहाबुदिन, कोषाध्यक्ष मनोहर साह, सदस्य जितेन्द्र सिंह, धिरज गुप्ता, नगर ईकाइ समिति ३ के अध्यक्ष संदिप केवट, सुल्तान अंसारी, राजु गुप्ता, नेपाल लाईभ इन्सोरेन्स के रोशन कर्ण, नरेन्द्र चौधरी, औरंगजेब अंसारी लगायत के आदमीसब के सहभागिता रहल रहे ।





