बन्द दोकान भितर घुस के पुलीस पिटलख

सप्तरी ३० चईत
लक डाउन के समय मे सर्वसाधारण के घर मे पुग के दैनिक उपभोग्य सामान पुगावेवाला किराना दोकान के कर्मचारी पुलीस द्धारा पिटाईल बाडन ।
सप्तरी सदरमुकाम राजविराजस्थित रमेश किराना दोकान भितर काम कर रहल कर्मचारी के पुलीस दोकान भितर घुस के लाठी से पिटल दोकान के प्रोप्राइटर रमेश साह जानकारी देहनी ।
‘शनिचर के सँझिया दोकान खोल के अर्डर आईल सामान प्याक कर रहल कर्मचारी उपर पुलीस लाठी बरसवलख’ कहत उ, ‘दोकान के ग्रील भितर से लगा के काम कर रहल अवस्था मे पुलीस उ ग्रील खोलवा क कर्मचारी राजु साह के पिटले रहलन ।
’ जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ उद्योग वाणिज्य संघ संयुक्त रुप मे उपलब्ध करावल आईडी कार्ड भी लटकावल कर्मचारी के पिटत लाठी से ठेल के बाहर निकालल प्रोप्राइटर रमेश बतवनी । ‘हमनी टेलिफुनमार्फत् अर्डर आईल सामान प्याकिङ करत रहनी, ओतने मे ग्रील खोलवा के भितर घुसल दु जने पुलीस पिटपात कईखल’ कहके बतवनी ।
अनलाइनमार्फत सामान बिक्री करे खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय से अनुमति देहला के बाद खुद व्यवसाय सञ्चालन करके सर्वसाधारण के घर मे सामान पुगावत अईला पर भी पुलीस अईसे पिटपाट कईला पर दुःख लागल उ बतवनी ।
घट्ना के बारेमे जिल्ला प्रहरी कार्यालय जानकारी ना भईल जनवले बा । ‘हमनी बुझेम, सप्तरी पुलीस के प्रवक्ता एवं डीएसपी तिलक भारती कहनी कि, ‘ड्यूटी मे खटल पुलीस के अईसन ना करे खातिर समुझावे के काम भी कईले बानी ।





