शिवम ह्यचरी के चलते गाँव हि दुर्गन्धित, सम्बन्धित निकाय मौन, स्थानीय बासी कईलें बिरोध

मेघराज राय
जीराभवानी १८ कुवार
पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–२ मे रहल शिवम् ह्याचरी के चलते वातावरण आ स्वास्थ्य मे समस्या भईल कहत वार्डवासी विरोध कईले बाडन ।
लम्हर समय से ह्याचरी से होखेवाला समस्या के बारे मे वार्डपालिका के ध्यानाकर्षण करावल माकिर सुनवाइ ना भईला के बाद २० दिन पहिले गापा के न्यायिक समिति मे भी उजूरी कईले रहलन माकिर सुनवाइ ना भईल कहत आजु वार्ड के दु सय जने जनानी तथा पुरुष गापा कार्यालय घेराव कईले रहलन ।
बाद मे सभी के गापा लगे रहल आम के फुलवारी मे उपाध्यक्ष बोलाके छलफल कईले रहलन ।
उलोग के समस्या जलदी समाधान करेके ओरी प्रयास भईल उपाध्यक्ष ममता महतो बतवनी । वार्डवासीलोग के उपस्थिति मे उ ह्याचरी सञ्चालक के पत्रद्वारा बोलावल बतवनी ।
माकिर सञ्चालक आजु उपस्थित होखे ना सकेके आ कुवार २९ गते बियफे के दिने उपस्थित होखेके ह्याचरी के प्रबन्धक कपिल पोखरेल वार्डवासीलोग के उपस्थिति मे बतवनी ।
उ टोलवासी के सिकाईत के बाद हप्ता, महीना मे दवाई छिट रहल दाबी कइनी । उ ह्याचरी नियम कानून के परिधि मे रहके निर्माण कईला से स्थानान्तरण से समस्या समाधान कईसे करेके विषय मे आन्दोलन केन्द्रित भईला पर समस्या के समाधान होखेके बतवनी । प्रबन्धक पोखरेल के आश्वासन के बाद वार्डवासीलोग शान्त होके घर गईलन ।
स्थानीय मोजाहिल अन्सारी, विजय मिश्र ह्याचरी के फुहर से माछी टोलाभर झुकरहल आ खाना खईला पर, घर मे रहला पर भी समस्या हो रहल बतवनी ।
ह्याचरी दवाई ना छिटल, मरल मुर्गा के उचित व्यवस्थापन मे ध्यान ना देहला के चलते दुर्गन्धित वातावरण से समस्या सृजना कईल बतवनी ।
वार्ड अध्यक्ष विजय गैरे ह्याचरी सञ्चालक, प्रबन्धक के बारम्बार ध्यानाकर्षण करावल दाबी कइनी ।




