स्वयम्सेवी स्वास्थ्यकर्मी के विवरण तइयार

काठमाण्डु, ३ वैशाख,
सरकार कोभिड–१९ के रोकथाम आ नियन्त्रण मे स्वयम्सेवक जनशक्ति परिचालन करे खातिर विवरण सङ्कलन कर रहल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय स्वयम्सेवक परिचालन करे खातिर चिकित्सा शिक्षा आयोग के उपाध्यक्ष डा श्रीकृष्ण गिरी के संयोजकत्व मे मन्त्रालय के प्रमुख विशेषज्ञ डा रोशन पोखरेल, मन्त्रालय के सहसचिव डा गुणराज लोहनी आ शिक्षा मन्त्रालय के दीपक शर्मा रहल समिति भी गठन कईले बा । समिति अनेकन मेडिकल कलेज मे अध्ययन कईल स्वयम्सेवा करेवाला इच्छुक चिकित्सक आ नर्स के विवरण तइयार कईले बा ।
अभी तक करिब स्वयम्सेवी करेवाला इच्छुक दु हजार १२ स्वास्थ्यकर्मी के सूची समिति से तइयार कईल आयोग के उपाध्यक्ष डा गिरी जानकारी देहनी । उ मेसे ५२७ जने चिकित्सक आ एक हजार ४८६ जने नर्स रहल बाडन ।
नोवेल मेडिकल कलेज विराटनगर से सय जने, चितवन मेडिकल कलेज, कलेज अफ मेडिकल साइन्स भरतपुर, गण्डकी मेडिकल कलेज, नेपाल मेडिकल कलेज सिनामङ्गल, किष्ट मेडिकल कलेज, काठमाण्डु, मनिपाल मेडिकल कलेज पाल्पा, नेपाल मेडिकल कलेज काठमाण्डु, युनिभर्सल मेडिकल कलेज भैरहवा आ नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज नेपालगञ्ज से ५० जने के दर से चिकित्सक स्वयम्सेवी रूप मे परिचालन होखी ।
एहितरे नोवेल मेडिकल कलेज विराटनगर १५०, विराट मेडिकल कलेजबाट ११८, चितवन मेडिकल कलेज, कलेज अफ मेडिकल साइन्स भरतपुर, गण्डकी मेडिकल कलेज भी सय जने के दर से नर्स खटावेवाला बा । उ स्वास्थ्यकर्मी के प्रभावित जगहा मे खटावेके तइयारी कईल आयोग के उपाध्यक्ष डा गिरी बतवनी ।
सरकार विश्वव्यापी महामारी भईल कोभिड–१९ के रोकथाम करे खातिर जनशक्ति के सुनिश्चिता के खातिर आवकाश प्राप्त आ छात्रवृत्ति मे अध्ययन कईल चिकित्सक के भी परिचालन करेके निर्णय कईले रहे ।
उ जनशक्ति के स्वयम्सेवी भा सेवा सुविधा देके कम्ती मे तीन महिना के खातिर खटावल जाई । मन्त्रालय निजी स्वास्थ्य संस्था के चिकित्सक के भी सरकारी सेवा मे आवे चाहला पर कार्यरत पद मे मिलान करके काम मे खटावल जाई ।






