अन्तर्राष्ट्रिय अनलाइन भिडियो भोजपुरी दर्शन कवि सम्मेलन पुरा

परमशिला बनिया
रुपन्देही ०३ बैशाख
नेपाल मे लकडाउन आह्वान कईला के बाद अनलाइन भिडियो भोजपुरी दर्शन कवि सम्मेलन आ मुशायरा–५ के सफल आयोजन १५ अप्रैल २०२० बुध से सँझिया ५ः०० से ६ः ३० बजे तक बहुते उत्साह के साथ पुरा भईल बा ।
ओमे प्रमुख अतिथि छपरा से वरिष्ठ गजलकार ऐनुल बरौलवी, बिशिस्ट अतिथि भोजपुरी प्रज्ञा प्रतिष्ठान के अध्यक्ष आनन्द गुप्ता, भारत बिहार छपरा से भोजपुरी आचार्य निर्भय नीर मुशयरा मे सहभागी भईले ।
आइसही बेतिया बिहार से साहित्यकार दिपु कुमार मोहित, बारा कलैया से गजलकार रामप्रसाद साह, जङगबहादुर यादव, परासी पश्चिम से अनिल कुर्मी, बिश्वनाथ सिंह आ मर्चवार से शिवनन्दन जयसवाल अपन कविता शायरी गजल सुनाके भावविभोरित कइले रहनी ।
सम्मेलन के आयोजन आ सन्चलान जयसवाल कइले रहनी । सम्मेलन सफल रहल बात सभी सहभागीलोग बतवले बानी । नेपाल सरकार से लगावल गइल लकडाउन के पुरा पालन करत कवि लोग साहित्यक कार्जक्रम के निरंतरता दे रहल बाडे ।






