आँधी, पानी आ पथर परला से बहुते नोक्सानी

प्रभु यादव
बारा ०५ बैशाख
बारा मे सुक के सँझिया करीब आठ बजे के समय मे आईल आँधी, पानी आ पथर से बहुते नोक्सानी पुगल बा ।
गाँव गाँव मे घर आ घर के छाना टाटी तुर देहले बा । कलैया उपमहानगरपालिका २ अमवाटोला के बहादुर राउत अहिर आपने सुतेवाला चउकी के निचे लुका के पथर से बाँचल बानी माकीर हमार भैंसी अउरी पडरू पिटा गईल दुःख सुनावले बानी ।
आपने सुतेवाला घर आ भैंसी राखेवाला के छानी आँधी से उधिया देहला पर पथर से मार खाये के परल राउत जनकारी करावले बानी ।
अभि भि मौसम खराब भईला से परोसी के घर मे शरण लेहले बानी जनकारी देहनी ।
किसान लोग के खेत मे रहल गेहु, मकई, ऊँख, तरकारी पथर गिरला से नोक्सान भईल बा । लगतार बरसात होरहला से किसान लोग के बाली नोक्सान हो रहला से समस्या बढ रहल बतवनी ।





