महागढीमाई फाउन्डेसन पि.पि.ई सेट बँटलख

प्रभु यादव
बारा ०५ बैशाख
महागढीमाई फाउन्डेसन के पदअधिकारी जवान लोग पि. पि. ई. सेट बारा, पर्सा आ रौतहट जिल्ला मे वितरण कईले बा ।
सुनिल प्रसाद कुशवाहा आ बिकास गुप्ता के पहल मे राष्ट्रिय अविष्कार केन्द्र किर्तिपुर से उपलब्ध भईल ६४ थान पि.पि.ई. सेट बाटल गईल बा ।
महागढिमाई फाउन्डेसन नेपाल के पदाधिकारी द्वारा अभि भीषण परिस्थिति मे आपन जान जोखिम मे राख के अपने असल समाज सेबि रहल प्रतिबद्धता स्पष्ट राखत नोभेल कोरोना भाईरस से नेपाल लगायत पूरा विश्व लकडाउन भईल बा सुनिल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
लकडाउन रहल समय मे भाईरस के उच्च जोखिम रहल समय मे कोरोना से लडेला पि.पि.ई. सेट बितरण कईल गईल सुनिल कुशवाहा जनकारी करावले बानी । बिरगंज नारायणी उप क्षेत्रीय अस्पताल पर्सा मे नव थान, कलैया अस्पताल बारा मे ९ थान, गौर अस्पताल रौतहट मे १० थान, पोखरीया अस्पताल पर्सा मे (९ थान पि. पि. ई.अस्पताल सब मे देहल गईल कुशवाहा जनकारी करावले बाडन ।
महागढीमाई न.पा.बारा मे पाच थान, सिम्रौनगढ न.पा. बारा मे पाच थान, फेटा गा.पा मे पाच थान, बिश्रामपुर गा.पा.बा मे ५ थान,करैयामाई गा.पा मे ५ थान, जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे २ थान स्थानिय निकाय मे देहल गईल जनकारी कुशवाहा देहनी ।
फाउन्डेसन के संस्थापक सदस्य लोग प्रेम प्रसाद यादव, सन्तोष कु. कुशवाहा, कृष्ण गुप्ता, रबि राज कुशवाहा, जियालाल कुशवाहा, जयराम कुशवाहा, जनक कुशवाहा, राजिशवर कुशवाहा लगायत के लोग पि. पि. ई. बितरण करे मे सहभागी रहलन ।





