वीरगंज मे भारतीय संक्रमित के सम्पर्क मे आईल सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ

वीरगंज ०५ बैशाख
वीरगंज मे रहल कोरोना संक्रमित तीन जने भारतीय नागरिक के सम्पर्क मे आईल लोग मे कोरोना संक्रमण ना भईल मिलल बा ।
उलोग के सम्पर्क मे आईल लोग के प्रयोगशाला परीक्षण आ ¥यापिड डाइग्नोष्टिक टेष्ट (आरडीटी) परक्षिण कईला पर सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितबहादुर बस्नेत बतवनी ।
पर्सा मे ८७ जने के प्रयोगशाला मे आ ९ सय २३ जने के ¥यापिड टेस्ट से कोरोना संक्रमण परीक्षण कईल रहे । उ मेसे भारतीय संक्रमित आदमी रहल वीरगंज के छपकैया क्षेत्र मे हि चार सय जने के परीक्षण कईल रहे ।
उलोग मे कोरोना संक्रमण कहाँ से भईल कहके बात अभी भी अन्योल मे हि रहल सहायक प्रजिअ बस्नेत बतवनी । “ट्राभल हिष्ट्रि गलत बतवले बाडन कि कहके आशंका बा” कहत उ “संक्रमण कईसे भईल ? ओकरा बारेमे अनुसन्धान जारी हि बा ।”
कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के आधार मे क्वारेन्टाइन मे राखल लोग के पिसिआर रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद उलोग के घर मे हि पठावे के निर्णय कोभिड–१९ कमाण्ड पोष्ट पर्सा के बईठक से कईले बा ।
शुक के दिने बईठल कमण्ड पोष्ट के बईठक से क्वारेन्टाइन मे १४ दिन पूरा कईल आ पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईललोग के घर पठावे के निर्णय कईल सहायक प्रजिअ बस्नेत बतवनी ।
“पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल जमाती बाहेक के आदमीसब के होम क्वारेन्टाइन मे रहेवाला किसिम से आफन्त के जिम्मा लगावे के जनावल गईल बा” कहके बतवनी ।
क्वारेन्टाइन के व्यवस्थापन मे खटल नेपाली सेना बिहान से पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ देखल गईल स्थानीय के घर पठावे के जनावल गईल बा । चण्डीनाथ गण के गणपति मदनजंग राणा पीसीआर नेगेटिभ अईला पर भी फेनु ¥यापिड टेस्ट करके घर पठावे के बतवनी ।
“सँझिया निर्णय भईला के बाद आफन्तलोग के खबर पठावल गईल बा, होम क्वारेन्टाइन मे राखेमे सहमत होके जरुरी व्यवस्था मिलईला के बाद मात्र पठावल जाई” कहके बतवनी ।
वीरगंज स्थित सिदार्थ मावि मे ६३ आ कलवार सेवा समिति मे १८ जने करके ८१ जने के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा ।
संक्रमित पुगल क्षेत्र मे ४ सय के आरडीटी
वीरगंज–२ छपकैया के घुसुकपुर आ मक्की जामे मस्जिद क्षेत्र मे शुक तक ४ सय जने के आरडीटी कईल बा । उलोग सभी के एन्टीबडी नेगेटिभ हि आईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वर चौरसिया जानकारी देहनी ।
उ बाहेक वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे राखल १ सय ९६ जने भारतीय आ ९ जने सुरक्षाकर्मी के भी आरडीटी टेष्ट कईल बा । उलोग सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।
पर्सा के अनेकन पालिका से सञ्चालन कईल क्वारेन्टाइन मे १४ दिन तक रहल आदमीसब के भी आरडीटी टेष्ट कईला पर एन्टीबडी नेगेटिभ आईल बा ।





