“अध्यादेश से प्रदेश २ सरकार के असर ना पडि”

जनकपुरधाम ९ वैशाख

सरकार राजनीतिक दल फुटावे खातिर सहज होखेवाला किसिम से अध्यादेश लिअईला के बाद अनेक बातसब हो रहल बा ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली जोडबल मे आईल ई अध्यादेश से समाजवादी आ राष्ट्रिय जनता पार्टी फोडे खातिर ह कि नेकपा मे हि फुट लिआई कहके आदमीसब के आपन आपन अड्कल बा ।

माकिर, प्रदेश–२ के सत्ता साझेदार दल के नेतालोग अध्यादेश से सरकार के असर ना करेके बतवले बाडन ।

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत एकरा के गलत समय मे आईल गलत अध्यादेश कहले बाडन । समग्र विश्व कोरोना महामारी से लड रहल अवस्था मे ई अध्यादेश लियावत रहनी । गलत समय मे गलत काम भईल बा” कहके बतवले बानी ।

सरकार के स्थायित्व देवेवाला वातावरण बने लागल समय ओकरा के बिथोलेवाला किसिम से अध्यादेश आईल उ बतवनी ।

समाजवादी पार्टी के नेता भी रहल मुख्यमन्त्री राउत कहनी कि, “ई अध्यादेश से प्रदेश सरकार के समीकरण मे कउनो किसिम के फरक ना पडि ।”

सत्ता साझेदार राजपा संसदीय दल के नेता एवं भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री जितेन्द्र सोनल भी उ अध्यादेश से प्रदेश सरकार मे कउनो समस्या ना पडेके दाबी कईले बाडन ।

“कोरोना से बँचेके आ जनता के राहत देवेके अवस्था मे ई अध्यादेश लियावल ठिक ना ह” कहत उ, “माकिर एकरा से हमनी के सरकार मे कउनो समस्या ना पडि ।”

फुटबल खेल के उदाहरण देत सोनल, “जईसे खेल के नियम परिवर्तन कईल जाला, उ नियम कमजोर खेलाडी उपर मात्र ना, मजबुत कहल खेलाडी भी ओकर सिकार होखेलन । ओहिसे ई नियम परिवर्तन से केहु भी ना बँचिहें ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।