प्रेस काउन्सिल आ पत्रकार महासंघ के टोली वीरगञ्ज पुगल

वीरगंज १७ बैशाख,
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से प्रभावित पर्सा जिल्ला मे नेपाल पत्रकार महासंघ आ प्रेस काउन्सिल नेपाल के टोली आजु पत्रकारलोग से बतकही कईले बा ।
कोरोना भाइरस से संक्रमित होखेवाला के संख्या बहुते भईल जगहा मे पडेवाला बीरगंज मे जिल्ला के पत्रकारलोग के अवस्था बुझे खातिर पत्रकार महासंघ के महासचिव रमेश बिष्ट आ प्रेस काउन्सिल नेपाल के सदस्य ईश्वरी ओझा बीरगंज आईल रहलन ।
उलोग नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के बीरगंज मे उपलब्ध पदाधिकारी, बारा आ पर्सा के पत्रकार महासंघ के अध्यक्ष, पेशागत संगठन के अध्यक्षलोग सँगे बीरगंज के अवस्था आ पत्रकार के समस्या के बारे मे छलफल कईले रहलन ।
उ छलफल कार्जक्रम मे पत्रकारलोग से रिर्पोटिङ करे गईला पर जरुरी पडेवाला सुरक्षा सामान मास्क, ग्लोब्स, सेनिटाइजर, पुलीस से चेकजांच कडाई कईला से प्रेस ज्याकेट लगायत के आधारभुत सामानसब के कमी आ उहे कमी मे भी पत्रकारलोग आपन पेशागत दायित्व निर्वाह कर रहल पत्रकारलोग टोली के अवगत करवले रहलन ।
उहे समय मे नेपाल पत्रकार महासंघ तथा प्रेस काउन्सिल नेपाल के टोली बीरगंज के नारायणी अस्पताल के १० थान पिपीई पूर्ण सेट आ आउर स्वास्थ्य सामान उपलब्ध करवले रहे ।






