कलैया अस्पताल के कोरोना अस्पताल बनावे के निर्णय के चौतर्फी बिरोध

प्रभु यादव
बारा १८ बैशाख
कलैया अस्पताल के प्रदेश सरकार से कोरोना अस्पताल बनावेला कईल निर्णय के सब ओर से विरोध होरहल बा ।
बारा के कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ६ मे रहल जिल्ला अस्पताल के कोरोना अस्पताल बनावेला प्रदेश सरकार से वितल चईत मे कईल निर्णय के राजनैतिक दल सहित सर्वसधारण से विरोध कईल जारहल बा ।
अस्पताल मे सर्वदलिय बैठल बैठक के निर्णय पेठावला के वाद भि अस्पताल के भितर मे बनावे के प्रदेश से तगदा के वाद सब ओर से विरोध होरहल जनकारी भईल बा ।
बारा नागरीक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास हुचुवा के भर मे कोरोना भाईरस विशेष अस्पताल कलैया मे बनावे के निर्णय गलत भईल जनकारी देहनी । विना अनुगमन आ नगर के अगुवा सब से सल्लाह सुझाव के लेहल गईल निर्णय गलत भईल दास जनकारी करावले बानी ।
स्वस्थ्य के खातिर ठिक बा माकिर जिल्ला के एक मात्र अस्पताल से गरिब असाहाय लोग चेक जाँच करावे आवेवाला सुविधा सब ओझेल मे परी जवना के सब ओही जगह राखत शिक्षा तालिम केन्द्र मे अस्थाई कोराना अस्पताल बनावे के सुझाव देहनी ।
अभि अस्पताल मे डाक्टर के निमन से कवनो व्यवस्था नारहल बा जवना मे थप जोखिम भईल चेक जाँच कईल केतना जायज रहल बा कहत जिकिर कर के दास सिकाईत कईले बानी ।
बुध आ वियफे के नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के नेपाल युवा संघ के संयोजक पुरूषोतम साह आ नेपाली काग्रेस पार्टी बारा, नेपाल मधेशी युवा संघ आपन आपन पत्र लिख के विज्ञाप्ती जारी करत कोरोना अस्पताल ना बनावे के खातिर विरोध कईले बा ।
नेपाल परिवार दल के बारा अध्यक्ष रामचन्द्र चौधरी कोरोना विशेष अस्पताल ना बनावे के कहत बल जबरजस्ती बनावे के काम सुरू करी त विरोध के कार्जक्रम के सुरू होई जनकारी देहनी ।
अभि के रहल परिस्थिति के देखत समाजिक दुरी रखते होखेवाला विरोध के कार्जक्रम सर्वदलिय रूप मे अहवान कईल जाए के जनकारी करावले बानी ।






