वीरगंज मे सफाइकर्मी के सम्मान कईल गईल

वीरगंज २० बैशाख

कोरोना के उच्च जोखिम मे रहल वीरगंज महानगर के सरसफाइकर्मी के शनिचर के दिने नागरिक स्तर से सम्मान कईल बा ।

कोरोना के महामारी सँगे लकडाउन के समय ज्यान जोखिम मे राख के सडक आ नाला सरसफाइ करत आईल सरसफाइकर्मी के खादा ओढईला के साथे फूल के गुच्छा देके सम्मान कईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका मे कार्यरत सरसफाइ कर्मचारीलोग के उलोग मनोबल उच्च राखे खातिर आदर्शनगर ग्रिनी सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र सम्मान कईले बा । शनिचर के दिने सबेरे आदर्शनगर चोक मे केन्द्र के पदाधिकारी, सदस्य आ समाजसेवी सरसफाइकर्मी के खादा ओढा के फूल के गुच्छा देके सम्मान कईले बाडन ।

वीरगंज महानगरपालिका मे कार्यरत एक सरसफाई कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण भईला के बाद महानर के सरसफाइ कर्मचारीलोग डराईल बाडन ।

वीरगंज ३ छपकैया घर भईल वीरगंज महानगरपालिका के सरसफाई कर्मचारीलोग के नाइके मे बैशाख १४ गते कोरोना संक्रमण पोजेटिभ देखल गईल रहे । संक्रमित उ आदमी के वीरगंज के नारायणी अस्पताल के आइसोलेशन मे ईलाज हो रहल बा ।

महानगर के एक सरसफाइ कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण मिलला के बाद उनका सँगे काम कईल आउर कर्मचारीलोग डराईला मे उलोग सम्मान कईल गईल ग्रिनी सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र के अध्यक्ष प्रकाश खेतान बतवनी ।

कोरोना महामारी विरुद्ध के लडाइ मे खटल स्वास्थ्यकर्मी आ सुरक्षाकर्मीलोग के भी सम्मान करेके खेतान बतवनी ।

महानगर के सरसफाइ कर्मचारी सरफुदिन मिया एक जने सरसफाइ कर्मचारी मे कोरोना भईला के बाद समाज सभी सरसफाइकर्मी के गलत नजर से देखे लागल समय कईल ई सम्मान से खुदसब के मनोबल बढल प्रतिकृया देहनी ।

रंजु देवी आ सुमित्रा देवी भी महानगरपालिका ग्लोब्स, मास्क आ बुट कुछो ना देहल बतवनी । वीरगंज महानगरपालिका के सरसफाइ शाखा मे १ सय ५० कुचिकार आ २६ नाइके कार्यरत बाडन ।

एकरा सँगे महानगर के फुहर व्यवस्थापन के ठेक्का मिलल पृथ्वी तारा एनके इन्टरनेसनल जेभीमार्फत भी दु सय ५० सरसफाइकर्मी कार्यरत बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।