बारा मे १९१ जने क्वारेन्टाईन मे, आरडिटी कीट ना रहल से परिक्षण मे समस्या

प्रभु यादव

बारा २१ बैशाख

बारा जिल्ला भर मे क्वारेन्टाईन मे एक सय ९१ जने रहल बाडन । सभी स्थानिय तह मे रहल क्वारेन्टाईन मे रहल संख्या बरिष्ठ जनस्वास्थ्य प्रशाशक राजकिशोर पंडित जनकारी करावले बानी ।

एतवार के दिन आईल जनकारी मे कलैया उपमहानगरपालिका के गंगापुर मे ३ जने, सिम्रौनगढ नगरपालिका मे ६० जने, निजगढ नगरपालिका मे १५ जने, जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे सात जने, कोल्हवी नगरपालिका मे ३२ जने, महागढीमाई नगरपालिका मे सात जने, बारागढी गाँवपालिका मे सात जने, पचरौता नगरपालिका मे १० जने, आदर्शकोतवाल गाँवपालिका मे एक जने, सवर्ण गाँवपालिका मे छव जने, देवताल गाँवपालिका मे २१ जने, फेटा गाँवपालिका मे १० जने, विश्रामपुर गाँवपालिका मे एक जने, प्रसौनी गाँवपालिका मे तीन जने, करैया गाँवपालिका मे छव जने रहल प्रशाशक पंडीत जनकारी करावले बाडन ।

अभि तक प्रवानीपुर गाँवपालिका मे करेन्टाइन कोइ ना रहल पंडित जनकारी देहनी ।

करेन्टाईन मे बईठल लोग मे से एक सय ७५ जने के आरडिटी चेक कईल गईल बा जनकारी करावले बानी ।

अभि आर डि टी के चेक करेवाला कीट ना भईला से समस्या होरहल प्रशाशक जनकारी देहनी ।

पी सी आर चेक जाँच एक सय १५ जने के कईल गईल जवना मे दु जने सक्रमति भेटल बाडन आ एक सय १३ जने के जाँच नेगेटिभ रहल जनकारी भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।