भारत के एसएसबी आ नेपाली जनता बिच झडप, १२ जने घायल

वीरगंज २३ बैशाख,
बारा जिल्ला स्थित नेपाल भारत के सीमा नाका दशगजा मे मंगर के दिने सबेरे भारत के सुरक्षाकर्मी, गाँव के लोग आ नेपालीबीच झडप भईल बा । बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका ४ बलिरामपुर से सीमा जुडल नेपाल भारत सीमाक्षेत्र के दशगजा मे भईल झडप मे १२ जने नेपाली घायल भईल बाडन ।
वार्ड अध्यक्ष मदन यादव के मुताविक झडप मे भारतीय एसएसबी आ भारतीय के पिटपाट से १२ जने घायल भईल बाडन ।
उलोग मेसे २ जने के गम्भीर चोट लागल आ आउर सामान्य घायल भईल वार्ड अध्यक्ष यादव जानकारी देहनी ।
बलिरामपुर के छोटेलाल साह दगशजा बगल मे रहल आपन खेत मे मंगर के दिने सबेरे काम कर रहल समय पारी से आईल एसएसबी उनका के पिटले रहनी ।
गाँव के नेपाली किसान पिटईला के बाद प्रतिवाद के खातिर दशगजा क्षेत्र मे गईल बलिरामपुर के स्थानीय के समुह उपर भारतीय एसएसबी अन्धाधुन्द लाठी चार्ज कईले रहे ।
उ समय मे सीमावर्ती भारतीय गाँव सहदेवा के भारतीय भी नेपाली उपर पथल चलावल वार्ड अध्यक्ष यादव बतवनी । प्रतिकार मे एने से भी नेपाली पथल चलावल यादव जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले सोमार के सँझिया दगशजा मे रहल आपन तरकारी बारी मे गईल बलिरामपुर के एक किसान बारी से तरकारी तुर के दशगजा क्षेत्र मे रखले रहलन ।
ओकरे टेंट मे एसएसबी के जवान उ किसान के पिटपाट कईले रहलन ।
नेपाली किसान पिटईला के बाद आक्रोश मे आइल बलिरामपुर के ३÷४ जने युवा भी सोमार के सँझिया सीमा नाका मे जाके एसएसबी के जवान के पिटला के बाद विवाद सुरु भईल रहे ।
उहे विवाद के चलते सीमा क्षेत्र मे तनाव होके मंगर के दिने सबेरे बलिरामपुर के स्थानीय आ भारतीय बीच झडप भईल बा ।
तनाव के बाद सीमा क्षेत्र मे दुनु देश के करके बडका संख्या मे सुरक्षाकर्मी परिचालन करके स्थिती नियन्त्रण मे लेहल बारा के प्रहरी उपरीक्षक कृष्ण पंगेनी बतवनी ।
बारा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दिगविजय सुवेदी कहनी कि मंगर के दिने सबेरे भारत के सहदेवा आ बारा के बलिरामपुर के स्थानीयवासी झगडा के खातिर जम्मा भईला मे सुरक्षाकर्मी स्थिति नियन्त्रण मे लेके झडप होखे ना देहल दाबी कइनी ।






