महामारी मे होखे सकेवाला साम्प्रदायिक दंगा उपर संवेदनशील होखे खातिर पुलीस के निर्देशन

काठमाण्डु २४ वैशाख

प्रहरी महानिरीक्षक ठाकुरप्रसाद ज्ञवाली महामारी के समय होखे सकेवाला अपराध आ साम्प्रदायिक दंगा उपर संवेदनशील बने खातिर ७ गो प्रदेश के प्रहरी प्रमुख के निर्देशन देहले बाडन ।,

कोभिड–१९ भाइरस के महामारी के समय समाज मे कउनो भी किसिम के अप्रिय घटना होखे ना देवे आ सचेत बने खातिर उ निर्देशन देहले बानी ।

प्रहरी प्रधान कार्यालय, नक्साल से भिडियो कन्फरेन्स करत आईजीपी ज्ञवाली कहनी कि, “सम्बन्धित प्रदेश के समस्या आ आवतजावत उ प्रदेश भितर हि समाधान करके अन्तर प्रदेश आ अन्तर जिल्ला मे आवतजावत पूर्ण रुप मे बन्द करके अति संवेदनशील एम्बुलेन्स लगायत के मत्र अनुमति देवेके ओरी ध्यान दि ।”

ज्ञवाली सीमा क्षेत्र मे आउर सक्रियता अपनावे के बात मे जोड देत जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ आउर सुरक्षा निकायलोग से समन्वय आ सम्बन्ध के माध्यम से सीमा व्यवस्थापन करे खातिर भी निर्देशन देहनी ।

ज्ञवाली अभी के समय मे बाढ, पहिरो, हावाहुरी, सुखाड लगायत के प्राकृतिक प्रकोप भी आवे सकेवाला भईला से ओकरा ओरी भी जनशक्ति परिचालन के खातिर तइयारी अवस्था मे राखेके कहले बानी ।

उ लकडाउन के कार्यान्वयन मे अग्रपङ्ति मे खटल पुलीस के सक्रिय योगदान के चलते बढिया सन्देश गईल भी बतवले बाडन ।

“अईसन परिस्थिति मे खटल कर्मचारी के स्वास्थ्य स्थिति उपर प्रदेश नेतृत्व अभी भी संवेदनशील होखेके पडि”, ज्ञवाली कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।