धनुषा मे आउर एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु

जनकपुरधाम २२ कुवार

धनुषा मे आउर एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । जनकपुरधाम स्थित प्रादेशिक अस्पताल मे ईलाज के समय मे शहीदनगर नगरपालिका–१ के ७० बरीस के पुरुष के बुध के रात मृत्यु भईल स्वास्थ्य निर्देशनालय के निमित्त निर्देशक विजय झा जानकारी देहनी ।

बोखार अईला के साथे श्वासप्रश्वास मे भी समस्या भईला के बाद उ कुवार २० गते अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।

उहे दिन पीसीआर परीक्षण कईला पर बुध के दिन के उनकर रिपोर्ट पोजिटिभ आईल रहे ।

मुटु के मरेजी भी रहल उनकर ईलाज जके समय मे बुध के रात मृत्यु भईल निमित्त निर्देशक झा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।