न्यायिक समिति के संयोजक के हि न्याय ना मिलल

प्रभु यादव

बारा २५ बैशाख

बारा जिल्ला के सिम्रौनगढ नगरपालिका के उपमेयर रिमा देवी पत्रकार समेलन कर के कार्यपालीका के शैली असन्तोषजनक भईल जनकारी करावले बाडी ।

वार्ड नम्वर २ के कार्यालय मे पत्रकार सम्मेलन करत कार्यपालिका के बईठक के बहुमत से सही निर्णय ना भईला के निर्णय भईल पुस्तिका के माग सुचना के अधिकार के अनुसार माँगला पर ना मिली कहत न्याय नामिलल न्यायीक समिति के संयोजक उपमेयर रिमा देवी जनकारी करावले बानी ।

कार्यालय के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत हरिओम प्रसाद जस्वाल अटेरी कर के सुचना ना देहल उपप्रमुख देवी जनकारी करावले रहनी ।

२०७६ भादो २४ गते नगरस्तरीय योजना कार्जक्रम केतना रकम के रहल आ कवन कवन रहल, नगरस्तरीय के चापाकल धारा मे केतना रकम, शिक्षा, स्वास्थ, कृषि आ पशु, बहुक्षेत्रीय पोषण, उर्जा आ आयुर्वेद मे निशर्त अनुदान विनियोजन रकम कहाँ कहाँ खर्च भईल, आर्थिक प्रशासन शाखा मे दु जने कर्मचारी कवना के आदेश से राखल गईल, अषाढ महिना मे निकाल गईल मछली के पोखरा के भईल विवरण सुचना के हक के प्रयोग कर के मागला पर आज तक ना मिलल सिकायत उपमेयर रिमा देवी कईले रहनी ।

आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ के नगर सभा से पारित भईल १० लाख से अधिका के रकम के योजना सब ठेक्का से नगरस्तरी योजना ना कईल गईल वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष राजेश यादव सिकायत कईले रहनी ।

नगरपालिका मे योजना सब मे प्रशासकीय अधिकृत जयस्वाल दुरूपयोग करहल सिकायत कईनी ।

सिम्रौनगढ इतिहासिक जगह भईल मन्दिर सब मे संरक्षण ना कईल गईल सिकायत वार्ड अध्यक्ष यादव जनकारी करावले रहनीह ।

लकडाउन के समय मे विपन परिवार के खातिर देहल राहत के सम्बन्ध मे कवनो निर्णय ना करा के बाटल गईल जवन अनियमित भईल यादव जनकारी करावनी ।

करेन्टाईन मे होरहल खर्च आ पहिले संचालन रहल के खर्च विना बोर्ड के निर्णय करहल सिकायत वार्ड अध्यक्ष यादव के रहल ।

पत्रकार समेलन मे वार्ड अध्यक्ष लोग सुमित जयसवाल, खुशीलाल महतो, म. मंजुर मिया, राजेश यादव, रामबहादुर पटेल, हरिशकर प्रसाद यादव आ हेमचन्द्र प्रसाद जयसवाल, कार्यपालीका सदस्य प्रमान्नद मुखिया, उषा देवी पटेल, सरिता देवी महतो, शन्झा देवी पटेल, सरस्वती देवी राम,रामप्रवेश प्रसाद यादव, ओमप्रकाश ठाकुर लगायत के लोग समाजिक दुरी मे रह के आपन–आपन विचार राखत नगरपालिका के कामकाग प्रति सिकायत कईले रहलन ।

 

सिम्रौनगढ नगरपालीका के मेयर विजयशकर यादव से बुझला पर नगर से सब काम नियम पुगा के भईल बा आरोप निराधार रहल कहनी ।

प्रमुख प्रशासकीय प्रमुख हरिओम जयसवाल से जनकारी लेवेला फोन कईला पर समाचार लिखे के समय मे मोवाईल बन्द रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।