कार के ठोकर से पाटेबाघ के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा १८ पुस

बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–१ आधारभार जंगल क्षेत्र मे निजी कार के ठोकर से एगो पाटे बाघ के मृत्यु भईल बा ।

हेटौंडा से सर्लाही जा रहल बा १६ च ८११ नम्बर के कार रास्ता क्रस कर रहल वयस्क बाघ के आजु सबेरे ७ः२० मे ठोकर मरले रहे । कार के ठोकर से १० बरीस के पूर्ण वयस्क पाटे बाघ के राजमार्ग मे मृत्यु भईल बारा पुलीस जनवले बा ।

कार चालक सर्लाही के ५० बरीस के अजय मिश्र आ बाघ के पुलीस राष्ट्रिय निकुञ्ज के जिम्मा लगवले बा । सहायक संरक्षण अधिकृत रमेश कुमार यादव के मुताविक मिश्र के हिरासत मे लेके जरुरी कारबाही अगाडि बढावल गईल बा ।

पाटेबाघ नेपाल के संरक्षित वन्यजन्तु मेसे एक ह ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।